[the_ad_group id="30365"]

सास के मउत के सदमा में पतोह के लागल झटका, एके चिता पs भइल सास आ पतोह दुनु के अंतिम संस्कार

पंडयावाड़ा गांव में एके दिने सास आ पतोह के मउत
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जिला के खेरवाड़ा थाना क्षेत्र के पंडयावाड़ा गांव में एके दिने सास आ पतोह के मउत के मामला सोझा आईल बा। एकरा बाद एकही चिता पs दुनो जन के अंतिम संस्कार कईल गईल। गांव के लोग के मुताबिक सोमार के रात में 90 साल के भूरी बाई के स्वास्थ्य में अचानक गिरावट आईल। परिवार उनुका के डूंगरपुर के सरकारी अस्पताल ले गईल, जहां डॉक्टर उनुका के मृत घोषित कs देले।

खेरवाड़ा के स्थानीय सुरेश बतवले कि सास के लाश घरे ले आवे के बाद गोपाल जोशी के पत्नी पतोह उषा (50 साल) अपना सास के शव के गले लगावत रोवे लगली। एही दौरान उs बेहोश हो गईली। परिवार तुरंत उनकरा के अस्पताल ले गईल, बाकिर डॉक्टर उनकरा के मृत घोषित कs देले। उs बतवले कि सास अवुरी पतोह के 1 घंटा के अंतराल में मउत हो गईल।

ओही चिता पs दाह संस्कार
स्थानीय लोग के कहल बा कि सास आ पतोह के बीच गहिराह प्रेम रहे। पतोह उषा के सास के मौत के गहरा झटका ना सह पवली, जवना के चलते उनुकर भी मउत हो गईल। दुनों के अंतिम संस्कार एक संगे मंगल के दाह संस्कार स्थल पs एकही चिता पs अंतिम संस्कार कईल गईल। एह घटना के देख के परिवार के लोग, रिश्तेदार अवुरी गांव के लोग बेहद दुखी बाड़े.
भूरी बाई के तीन गो बेटा बाड़े। उषा उनकर बड़का बेटा के पत्नी रहली, जे डाकिया हउए। दूसरका बेटा महाराष्ट्र में कैंटीन चलावेला, जबकि तीसरा बेटा के गांव में किराना के दोकान बा। उषा के दू गो बेटा बाड़े, जे ई-मित्र आ किराना के दुकान के साथे खेत-बाड़ी भी संभाले लें।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: बढ़ी लइकन के लंबाई, चिंता होई दूर.. बस कराईं इs तीन गो Yoga

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]