[the_ad_group id="30365"]

चावल के ड्रम में गला रेत के माई लुका देले रहे 25 दिन के नवजात बच्ची के लाश

Chapra news
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के सारण में एगो दिल दहला देवे वाला घटना सोझा आइल बा, जहां 25 दिन के एगो नवजात बच्चा के हत्या ओकर माई कऽ देलस। लइकी के लापता होखला के बाद घर के बरामदा में राखल चावल के ड्रम में ओकर लाश मिलल। पुलिस महतारी के हिरासत में लेके पूछताछ कइलस, जेकरा बाद उऽ अपना अपराध के कबूल कऽ लेलस।

तरैया ( सारण) थाना क्षेत्र के बड़ा माधोपुर गांव के सोनू कुमार यादव के 25 दिन के नवजात बेटी सिमरन के पहिले लापता होखे के घटना में सामने आईल आ ओकरा बाद पछिला बियफे के घर के बरामदा में चावल वाला ड्रम में लाश मिलला के घटना में माई हत्यारीन निकलल।

पुलिस महिला के हिरासत में लेके पूछताछ करतिया। लइकी के गला रेत के हत्या कइला के बाद लाश के चावल के ड्रम में राख देले रहे। ओकरा बाद पुलिस आ परिवार के लोग के गुमराह कऽ के लइकी के लापता होखे के जानकारी देलस।

एसडीपीओ अमरनाथ बतवले कि लइकी के महतारी नीरू देवी पुलिस के बतवली कि बेटी के जन्म सात महीना में भइल रहे। उ अक्सर बेमार होखला के चलते रोवत रहली। एकरा चलते सभे आर्थिक, मानसिक आ शारीरिक रूप से परेशानी महसूस करे लागल। एही कारण से बुध के सांझ के ओकर हत्या कऽ देली।

तब उऽ अपना पति के फोन प कहली कि सिमरन लापता बिया। पुलिस जब उनका के ना खोज पवलस तऽ एक दिन बाद परिवार के लोग से चाउर के ड्रम में देखे के कहलस। इ सुन के घर के एगो महिला चाउर के ड्रम खोल के चिल्लाए लगली।

लईकी के लाश मिलला के खबर प गांव के लोग जमा हो गइले। संगही पुलिस मौका प पहुंच के लाश के पोस्टमार्टम क परिजन के सौंप देलस। ई घटना 04 सितंबर के साँझ चार बजे के हऽ। एक दिन बाद 5 सितंबर के रात के करीब 11 बजे लाश मिलल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]