[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: जमीन के विवाद में माई के पीटलस, बेटी के हत्या के कोशिश – मारपीट के वीडियो सोशल मीडिया पs वायरल

Crime
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर के बांसगांव थाना क्षेत्र के चरलहां गांव में जमीन के विवाद के लेके महतारी बेटी पs जानलेवा हमला के मामिला सोझा आईल बा। आरोपी पहिले महतारी के पिटाई कईले। फेर बीच-बचाव करे वाली बेटी के पीटे लगले। गला रेत के हत्या के कोशिश कईलस।

बतावल जाता कि राकेश सालन पहिले जमीन खरीद के आपन मकान बनवले बाड़े। रजिस्ट्रेशन नइखे भइल आ आरोपी ओह जमीन के आपन बतावत बाड़े। शनिचर के साँझ पीड़ित पार्टी ओही जमीन पs पानी के पंप लगावे के काम करत रहे, जवना के विरोध दूसरा पक्ष के ओर से भईल अवुरी झगड़ा हो गईल।

हाल ही में महिला के छप्पर भी जरल रहे। एतने ना, महिला अवुरी उनुका बेटी के बदनाम करे के कोशिश भी कईल गईल, जवना में तरह-तरह के आरोप लगावल गईल। एह वायरल वीडियो में साफ-साफ तीन लोग लईकी के बेरहमी से पीटत देखाई देतारे। जब पास के लोग हस्तक्षेप करे के कोशिश कईले तs उs लोग भी बदसलूकी कईले। फिलहाल पुलिस एs मामिला में दर्ज दुनो आरोपी के हिरासत में ले लेले बिया।

एसपी साउथ जितेंद्र कुमार बतवले कि, पुलिस वायरल वीडियो के संज्ञान लेला के बाद जांच शुरू कs देले बिया। जांच में हैंड पंप लगावे के मामिला में मारपीट के मामिला सामने आईल बा। पीड़ित महिला के शिकायत पs मामिला दर्ज भईल बा अवुरी दु मुख्य आरोपी के हिरासत में लिहल गईल बा। आगे के कानूनी कार्रवाई कईल जाता।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]