[the_ad_group id="30365"]

भारत के बेटी के नाव अनोखा रिकॉर्ड, 140 भाषा में गावल गाना, गिनीज बुक में दर्ज भइल नाव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बेटी केहु से कम ना होखेली, इs बात भारत के बेटी सुचेता सतीश एक बेर फेरु साबित कs देले बाड़ी। रउरा ई जान के हैरान होखब कि सुचेता खाली एक दू गो ना बलुक 140 भाषा में गीत गा के अपना नाम पs एगो अनोखा रिकार्ड बनवले बाड़ी। दुनिया में केहु आज ले इs कारनामा पूरा नईखे कs पावल। एही कारण से सुचेता के नाम गिनीज बुक ऑफ वर्ल्ड रिकॉर्ड में भी दर्ज भईल बा। सोशल मीडिया पs सुचेता के परफॉर्मेंस के वीडियो वायरल हो रहल बा। खुद देखीं कि सुचेता के गीत रउरा के कइसे मंत्रमुग्ध कs दिहलस।

केरल के निवासी सुचेता 24 नवंबर 2023 के दुबई में कॉन्सर्ट फॉर क्लाइमेट में भाग लिहली। एह दौरान उ अनोखा प्रतिभा के प्रदर्शन कईले। वीडियो में रौरा के अलग-अलग भाषा में गावत गाना गावत देखल जा सकता अवुरी उनुकर सुरीला आवाज़ सुन के दर्शक मंत्रमुग्ध हो गईले। लोग भी उनकर खूब तारीफ करत रहे।

अनोखा प्रतिभा के सराहल गइल

जब गिनीज बुक ऑफ वर्ल्ड रिकॉर्ड उनुका अनोखा प्रतिभा के सराहना कईलस तs सुचेता खुद इंस्टाग्राम पs पोस्ट क के एs जानकारी के साझा कईली। लिखनी, ई खबर साझा करत खुश होके कि भगवान के कृपा से हम 24 नवंबर 2023 के क्लाइमेट के आपन संगीत कार्यक्रम के दौरान 9 घंटा में 140 भाषा में गा के एगो नया गिनीज वर्ल्ड रिकॉर्ड बनवले बानी। रउआ सभे के शुभकामना आ सहयोग खातिर धन्यवाद।

दुबई में अनोखा रिकार्ड बनवली

गिनीज वर्ल्ड रिकार्ड्स भी एह जानकारी के अपना पेज पs साझा कइले बा। लिखले बा की, दुबई के भारतीय वाणिज्य दूतावास सभागार में आयोजित कार्यक्रम में सुचेता सतीश एगो अनोखा रिकार्ड बनवली। जलवायु परिवर्तन के बारे में जागरूकता पैदा करे खातिर उs 140 भाषा में गा के पहिले के सभ रिकॉर्ड तोड़ देल्ही| कार्यक्रम में 140 देश के प्रतिनिधि शामिल भइल रहले, ओकरा आधार पs उ 140 भाषा के चयन कईली। इs देख के लोग गदगद हो गईले। उनुका के बधाई देवे लगले। एगो यूजर लिखले बा, सुचेता के बधाई। अजगुत! हजार मील के सफर एके डेग से शुरू होला। हमरा गर्व बा कि हम एह खूबसूरत सफर के हिस्सा बनल बानी। बहुत बढ़िया लागल। एगो अउरी लिखले बा, अविश्वसनीय उपलब्धि। पूरा मानव जाति के रउरा पs गर्व होई सुचेता। हमार हार्दिक बधाई।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]