[the_ad_group id="30365"]

एह लड़की के लिखावट दुनिया के सबसे खूबसूरत, कंप्यूटर टाइपिंग से भी सुंदर, मोह लेइ मन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

विद्यार्थियन खातिर हस्तलेख ओतने जरूरी बा जतना पढ़ाई। काहे कि अगर हस्तलेख सुन्दर बा तs सभकर ध्यान आपन ओर खींचेला। आज भी लइकन के स्कूल में अइसन करे खातिर प्रोत्साहित कइल जाला। इहाँ तक कि पुरस्कार भी दिहल जाला। बाकिर सभकर हस्तलेखन के अंदाज अलग-अलग होला।

कुछ विद्यार्थियन के पढ़ाई बढ़िया होला बाकिर ओह लोग के हस्तलेख बढ़िया ना होला। जबकि दोसरा के हस्तलेख उत्कृष्ट बा, उ लोग मेधावी नईखन। लेकिन का रउवा जानत बानी कि दुनिया में केकरा लगे सबसे सुंदर हस्तलेख बा? जेकर हस्तलेख दुनिया के सबसे बढ़िया हस्तलेख मानल गईल बा।

हँ, दुनिया के सर्वश्रेष्ठ हस्तलेख। नेपाल के एगो स्कूली लईकी के इ उपाधि मिलल बा। उनकर हस्तलेख दुनिया के सबसे सुन्दर हस्तलेख बन गइल बा। प्रकृति मल्ला नाम के ई छात्रा अपना सुन्दर हस्तलेख खातिर खबर में बाड़ी।

अब प्रकृति 16 साल के हो गईल बाड़ी। 14 साल के उमिर में नेपाल के सैनिक आवासीय महाविद्यालय में दसवीं के पढ़ाई कइली। बाकिर प्रकृति मल्ला के लिखल पेज अब सोशल मीडिया पs वायरल हो रहल बा। उनकर हस्तलेख देख के लोग अचरज में पड़ जाला। सब लाइक आ कमेंट करत बा।

साल 2022 में नेपाल में संयुक्त अरब अमीरात (यूएई) दूतावास प्रकृति मल्ला के बारे में ट्वीट कईले रहे। जवना में बतावल गइल कि संयुक्त अरब अमीरात के संघ के 51वां भावना के मउका पs प्रकृति के विश्व सर्वश्रेष्ठ हस्तलेख पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल बा।

उनुकर हस्तलिपि देख के विशेषज्ञ तक हैरान बाड़े। शोध भी हो रहल बा। जानकार लोग के कहनाम बा कि प्रकृति के हस्तलेख में हर अक्षर के बीच के दूरी बराबर होखेला। एही से उ एतना सुंदर देखाई देवेली, जबकि दोसरा लोग के संगे अयीसन ना होखेला। उनकर हस्तलेख अब नेपाल में ही ना पूरा दुनिया में सबसे बढ़िया बा।

प्रकृति मल्ला के बेहतरीन हस्तलेख खातिर नेपाल सशस्त्र बल से पुरस्कार भी मिलल बा। कुछ दिन पहिले एगो वीडियो भी वायरल भईल रहे, जवना में हर अक्षर बहुत सधल अवुरी खूबसूरती से लिखल देखाई देता।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]