Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 1, 2022

बिहार: जाती आधारित सर्वदलीय बइठक आज, राज्य कैबिनेट के मंजूरी के बाद एह पs सुरु होई अमल। बिहार: 3000 पेट्रोल पंप रोकलस तेल के उठाव, कीमतन में कटौती से भइल नुकसान के भरपाई के मांग।

Share

  1. बिहार: जाती आधारित सर्वदलीय बइठक आज, राज्य कैबिनेट के मंजूरी के बाद एह पs सुरु होई अमल।
  2. बिहार: 3000 पेट्रोल पंप रोकलस तेल के उठाव, कीमतन में कटौती से भइल नुकसान के भरपाई के मांग।
  3. उत्तर प्रदेश: Lpg Price, सस्ता हो गइल एलपीजी सिलेंडर, आज से 135 रुपिया कम हो गइल दाम।
  4. उत्तर प्रदेश: राम मंदिर, आज सीएम योगी रखिहे रामलला के गर्भगृह के पहिल शिला, रामनगरी में उत्साह, बनी इतिहास।
  5. झारखंड: महुआ माजी के नामांकन के बाद कांग्रेसी विधायक देखावल लो तेवर, प्रभारी कहले- कवनो नाराजगी नइखे।
  6. बॉलीवुड के मशहूर सिंगर केके के निधन, कोलकाता में कंसर्ट के बाद बिगड़ल तबीयत, अस्पताल पहुंचे से पहिलही चल गइल जान।
  7. सरकार जल्दिये ले आई जनसंख्या नियंत्रण कानून, केंद्रीय मंत्री प्रह्लाद पटेल के दावा।
  8. संत लो के झगड़ा के बाद नासिक के धर्म संसद रद्द, तय ना भइल कहां जनमल रहस हनुमान।
  9. राज्यसभा सीट पs कांग्रेस में फूट, प्रमोद कृष्णन बोलले – कुछ नेता लो के हिंदू शब्द से नफरत।
  10. बोप्पना 14 साल में पहिला बेर फ्रेंच ओपन के सेमीफाइनल में।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.