Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Morning Updates: भोर के 10 गो बड़ खबर

141
  1. बिहार: रिपोर्ट, बिहार में रोजगार मांगे आलन में 73 प्रतिशत निरक्षर,  5.92 स्नातक पास कइले बा लो आवेदन।
  2. बिहार: किताब किने ला शिक्षा विभाग जारी कइलस 416 करोड़ रुपिया, लईकन के खाता में जाई पईसा।
  3. उत्तर प्रदेश: झांसी रेलवे स्टेशन के नाव फेर बदली, रानी लक्ष्मीबाई झांसी होई नाया नाव, रेल मंत्रालय स्तर पs कार्यवाही शुरु।
  4. उत्तर प्रदेश: 29334 शिक्षकन के भरती रोके के सुप्रीम कोर्ट सरकार से पूछलस कारण, नव साल में पूरा ना हो सकल भरती।
  5. झारखंड: IAS पुजा सिंघल केस: कइयन गो ब्यूरोक्रेट्स रडार पs, विशाल के ठिकानन से जब्त कागजात में मिलल लेन देन के अहम साक्ष्य।
  6. ज्ञानवापी मस्जिद परिसर हिन्दू लोग के सउपे के मांग आला नाया याचिका पs सुनवाई शुरू होई।
  7. पीएम मोदी के जापान दौरा खतम, क्वाड समिट से चीन के साफ सनेस।
  8. अमेरिकी स्कूल में बच्चन के कत्लेआम, 18 बच्चन समेत 21 के मौत; जो बाइडेन बोलले- एक्शन के वक्त।
  9. हर काम में 1% लेवे के आरोप में पंजाब के हेल्थ मिनिस्टर बर्खास्त।
  10. आईपीएल: गुजरात आईपीएल के फाइनल में, राजस्थान के 7 विकेट से हरवलस, डेविड मिलर लगातार 3 छक्का लगा के जीतवले।
257800cookie-checkMorning Updates: भोर के 10 गो बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.