Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

By Anurag Ranjan

Published on: May 24, 2022

बिहार: राज्यसभा चुनाव ला बिहार भाजपा 12 उम्मीदवारन के करी चयनम दिल्ली में लागी अंतिम दु नाम पs मुहर। बिहार: यूपीएससी प्रीलिम्स 2022- बीपीएससी के पेपर लीक के बाद UPSC सिविल सेवा परीक्षा ला बढ़वलस

Share

  1. बिहार: राज्यसभा चुनाव ला बिहार भाजपा 12 उम्मीदवारन के करी चयनम दिल्ली में लागी अंतिम दु नाम पs मुहर।
  2. बिहार: यूपीएससी प्रीलिम्स 2022- बीपीएससी के पेपर लीक के बाद UPSC सिविल सेवा परीक्षा ला बढ़वलस सख्ती।
  3. उत्तर प्रदेश: धूरा भरल आन्ही के बाद जबरदस्त बरखा लेलस 25 लोग के जान , सबसे जादे अवध में भइल मौत।
  4. उत्तर प्रदेश: राज्यसभा चुनाव- यूपी में आज से नामांकन, भाजपा के 8 आ सपा के 3 गो राज्यसभा सीट मिलल तय।
  5. झारखंड: आउर बढ़ सकत बा IAS पुजा सिंघल के मुस्किल, सरयू राय मंगले सिंघल के पुरान फाइल।
  6. क्वाड सम्मेलन: पीएम मोदी बोलले- हिन्द-प्रशांत क्षेत्र में सुरक्षा प्राथमिकता, बाइडेन के बयान- चीन चुनौती खड़ा कs रहल बा।
  7. वाराणसी कोर्ट आज ज्ञानवापी मस्जिद के सर्वे रिपोर्ट पs फसीला सुना सकत बिया।
  8. 15 दिन में 15 देश में पहुंचल मंकीपौक्स, मुंबई में आइसोलेसन वार्ड बनल।
  9. क्रिकेटर ऋषभ पंत से 1.63 करोड़ के ठगी, सस्ता में लग्ज़री घड़ियन के लालच में फंसले।
  10. आईपीएल: आज राजस्थान आ गुजरात के बीचे पहिला क्वालिफायर।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.