Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

173
  1. बिहार: BPSC पेपर लीक ममिला में अहम मुकाम तक पहुंचल जांच टीम, गैंग लेले रहे 20 लोगन के पास करावे के जिम्मा।
  2. बिहार: पटना में सिगरेट पियला से मना कइले तs वार्ड सचिव के ईटा से कुंच के मार डललस, ममिला के जांच में जुटल पुलिस।
  3. उत्तर प्रदेश: भगवान बुद्ध के जन्म स्थली से आज पीएम मोदी दिहे विश्व के शांति के सनेस।
  4. उत्तर प्रदेश: ज्ञानवापी सर्वे- हिन्दू पक्ष के साक्ष्य मिलला के दावा, मुस्लिम पक्ष कहलस कुछ ना मिलल, आज सर्वे के अंतिम दिन।
  5. झारखंड: ईडी रवि केजरीवाल से कइलस पांच घंटा पूछताछ, पूर्व झमुमो नेता खोलले कइयन गो शेल कंपनियन के राज; आईएएस पूजा सिंघल से मिले पहुंचले उनकर लईका।
  6. कांग्रेस के चिंतन शिविर खतम, 2 अक्टूबर से भारत जोड़ो यात्रा निकली।
  7. अंबुजा आ एसीसी सीमेंट गौतम अडानी के होई, 10.5 अरब डॉलर में डील।
  8. पुतिन के ब्लड कैंसर होखे के दावा, करीबी कहले- उनका लगे वक्त कम।
  9. भारत पहिला बेर थॉमस कप जीतलस, 14 बेर के चैंपियन इंडोनेशिया के हरवलस।
  10. आईपीएल: राजस्थान लखनऊ के 24 रन से हरवलस, पॉइंट्स टेबल में दूसरा नंबर पs पहुंचल।
251520cookie-checkMorning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.