[the_ad_group id="30365"]

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: RCP बोलले- हमार औकात नितीश कुमार से बेसी बा; 1982 में ऊ सड़क पs घुमत रहस, कबो देले बाड़े ऊ IAS के परीक्षा। ललन सिंह हमरा साथे बाड़े, उनका बारे में कुछ ना कहेम।
  2. बिहार: नीतीश कुमार के राष्ट्रीय स्तर पs बड़ झटका, JDU के 15 पंचायत सदस्य भाजपा में शामिल। अरुणाचल आ मणिपुर के बाद अब दमन दीव से मिलल बरियार झटका।
  3. उत्तर प्रदेश: आईपीएस अधिकारी संभरले अलीगढ़ मुस्लिम विश्वविद्यालय के रजिस्ट्रार के कार्यभार। अलीगढ़ मुस्लिम विश्वविद्यालय भारतीय पुलिस सेवा के आईपीएस अधिकारी मुहम्मद इमरान के 2 साल खातिर प्रतिनियुक्ति के आधार प रजिस्ट्रार नियुक्त कइले रहे।
  4. उत्तर प्रदेश: यूपी बीजेपी अध्यक्ष आज लखनऊ में करिहें बैठक, भाजपा के पदाधिकारी होई लो शामिल। भूपेंद्र चौधरी पार्टी कार्यालय में आयोजित बैठक में जरूरी मुद्दन प करिहें चरचा।
  5. झारखंड: हेमन्त सोरेन सरकार आज करी नया खेल नीति के विमोचन, खिलाडियन आ कोच लोग के मिली कइयन गो सौगात।
  6. ज्ञानवापी केस के कोर्ट सुने लायक मनलस, 22 सितंबर के अगिला सुनवाई। वाराणसी जिला कोर्ट मुस्लिम पक्ष के दर्ज आपत्तियन के खारिज करत कहलस ई केस सुने लायक बा। कोर्ट इहो कहलस कि ई 1991 के वर्शिप एक्ट के तहत ना आवेला।
  7. हैदराबाद के होटल में आग: 6 के मौत, इलेक्ट्रिक स्कूटर रिचार्ज यूनिट से इमारत में फइलल रहे आग।
  8. गुजरात पुलिस केजरीवाल के ऑटो में बइठे से रोकलस: CM बोलले- रउआ सभे जबरदस्ती सुरक्षा दे रहल बानी; ऑटो ड्राइवर के घरे डिनर खातिर जात रहस।
  9.  उज्बेकिस्तान में पुतिन से मिलिहें मोदी: SCO समिट के दौरान समरकंद में हाई मुलाकात, युक्रेन जंग आ फूड सिक्योरिटी पs बातचीत मुमकिन।
  10. 19 साल के कार्लोस US ओपन चैंपियन: स्पेन के अल्काराज नार्वे के कैस्पर रुड के हरवले, दुनिया के नंबर 1 खिलाड़ी बनले।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]