[the_ad_group id="30365"]

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: भागलपुर में गंगा के विकराल रूप… 15 हजार लोग बेघर, तीन गांव डूबल, 20 फीट भरल पानी, घर छोड़े के मजबूर भइल लोग।
  2. बिहार: कुत्ता तीन साल के बच्ची के नोचले सs, मौत, मुज्जफरपुर में मां के संगे बिस्कुट लेवे जात रहे, दु गो कुत्ता मिलके हमला कइले सs। गर्दन सीना आ पेट पs कंटले सs, माँ के जुझला के बावजूद कुत्तन द्वारा ना छोड़ल गइल गर्दन।
  3. उत्तर प्रदेश: नशा के कारोबरियन पs होई जोरदार प्रहार, सीएम योगी आदित्यनाथ कइलें एएनटीएफ के गठन।
  4. उत्तर प्रदेश: सीएम योगी के गोरखपुर दौरा के दूसरा दिन आज, फरियादियन के सुनिहें शिकायत।
  5. झारखंड: झारखंड महागठबंधन के हॉर्स ट्रेडिंग के डर: BJP के संपर्क में कांग्रेस के कइयन गो MLA; CM सोरेन के विधयाकी पs आज जारी हो सकेला नोटिफिकेशन।
  6. हाईटेक तकनीक से गिरावल गइल नोयडा के अवैध ट्वीन टावर, 26 अधिकारियन पs होई कार्रवाई, 12 सेंकड में जमींदोज भइल दुनो टावर।
  7. कांग्रेस के अध्यक्ष पद खातिर 17 अक्टूबर के चुनाव, 19 के काउंटिंग, 24 से 30 सितंबर ले होई नॉमिनेशन।
  8. शिंदे बदलले शिवसेना दफ्तर के पता, पार्टी पs दावेदारी के लेके आ सकत बा फसीला। आंनद आश्रम होई नया पता।
  9. चीन के हरकतन पs US के जबाब, ताइवान के खाड़ी में तैनात कइलस दु गो वॉर शिप।
  10. 308 दिन बाद पाकिस्तान से बदला पूरा: एशिया कप में टीम इंडिया PAK के 5 विकेट से हरवलस, हार्दिक लगवले विनिंग सिक्स।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]