Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Mood Of The Nation Poll: का सांचों टूट रहल बा मोदी आ अमित शाह के सबसे बड़का तिलिस्‍म? जानि ताजा सर्वे कईसे बढ़ा रहल बा बीजेपी के टेंशन

Election Survey: लोकसभा चुनाव के लेके एगो टटका सर्वे के आंकड़ा बीजेपी के टेंशन बढ़ावे खातिर काफी बा, आंकड़न से जानि कईसे नरेंद्र मोदी आ अमित शाह के सबसे बड़का तिलिस्म टूट रहल बा ।

2,296

लोकसभा चुनाव के लेके एगो टटका सर्वे के आंकड़ा बीजेपी के टेंशन बढ़ावे खातिर काफी बा, आंकड़न से जानि कईसे नरेंद्र मोदी आ अमित शाह के सबसे बड़का तिलिस्म टूट रहल बा ।लोकसभा चुनाव में करीब 400 दिन के समय बांचल बा . एह दऊरान बीजेपी आ कांग्रेस दूनो पार्टी हार्डकोर वोटर्स के अलावा बड़हन संख्या में फईलल एह वोटर के ही साधे के पुरजोर कोशिश करी।

 

Election Survey: लोकसभा चुनाव के लेके एगो टटका सर्वे के आंकड़ा बीजेपी के टेंशन बढ़ावे खातिर काफी बा, आंकड़न से जानि कईसे नरेंद्र मोदी आ अमित शाह के सबसे बड़का तिलिस्म टूट रहल बा ।

Lok Sabha Election 2024: लोकसभा चुनाव 2024 के लेके हालहीं में  सी वोटर के एगो सर्वे सोझा आइल बा । सर्वे के आंकड़ा प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ बीजेपी की टेंशन बढ़ावे वाला बा काहें कि एह में  नरेंद्र मोदी आ अमित शाह के सबसे बड़का तिलिस्म कमजोर होत  नजर आ रहल बा ।

सर्वे में बीजेपी की टेंशन बढ़ावे वाला मुद्दन के बुझे से पहिले एकर मुख्य निष्कर्षन के जान लिहल बड़ा जरूरी बा। सर्वे के मुताबिक 52 फीसदी वोटन के संगे पीएम मोदी अगिला लोकसभा चुनाव खातिर टॉप पसंद बनल बाड़े । एकरा बाद अमित शाह 26 प्रतिशत संगे दूसरका नंबर पs बाड़े यूपी के सीएम योगी आदित्यनाथ (25 प्रतिशत) आ केंद्रीय मंत्री नितिन गडकरी (16 प्रतिशत) के संगे तीसरका चउथा पासन बाड़े

देशभर में भारत जोड़ो यात्रा के अगुवाई कई चुकल कांग्रेस नेता राहुल गांधी के 14 प्रतिशत लोग अगिला पीएम के रूप में पसन कइले बाड़े ।

बीजेपी के मिल सकेला 284 गो सीट


सर्वे में बीजेपी के 284 सीटें मिल रहल बा अईसन लउक रहल बा , ओहिजे एह सर्वे में बीजेपी के  सहयोगी दलन के 14  गो सीट दिहल गईल बा. एह तरे एनडीए के कुल्ह़ सीट के आंकडा 298 के छू रहल बा जवन की पिछला बेर से 55 गो सीट कम बा । एनडीए के वोट शेयर 43 प्रतिशत है, जवन कि छव महीना पहिले अगस्त 2022 में कइल गइल सर्वे में मिलल 41 से 2 प्रतिशत ज्यादा बा.

सीटन  के आंकड़ा  जो देखल जाए तs एनडीए के बड़का झटका लागत  दिखाई दे रहल बा. 2019 में बीजेपी के नेतृत्व में एनडीए कुल्ह 353 गो सीट जीतले रहे ।एनडीए के सीटन में गिरावट बीजेपी के टेंशन बढावे वाली बा । एकरा साथे कांग्रेस के नेतृत्व वाले यूपीए के सीट पिछला चुनाव में 91 के दु अंकन के आंकड़ा से बढ़ी के तीन अंकन में पहुंच गईल बा । यूपीए के 153 सीटें मिले के अनुमान लगावल बा । यूपीए के 30 फीसदी वोट मिलत देखावल गइल बा.

हार्डकोर वोटर चिंता के कारन 


ई जवन आंकड़ा बा एह से ई साफ़ तs  हो जात बा कि संसार के सबसे बड़की पार्टी लगातार तीसरा बेर सरकार बनावे के कोशिस में जुटल बीजेपी के चिंतित कई सकत बा बाकिर सबसे बड़हन चिंता ओकर सबसे बड़का तिलिस्म के दरके से बचावे के लेके होई।

सर्वे में अनुच्छेद 370  आ राम मंदिर जईसन मुद्दन पs भी सवाल कइल गइल बा. एह दूनों मुद्दन पs 14 आ 12 प्रतिशत लोग मोदी सरकार के समर्थन कईले बाड़े माने  पीएम मोदी के पसन करे वाला 52 फीसदी लोगन में हिंदुत्व के मुद्दा पs खाली अतने समर्थने मिलल बा आ इहे  बीजेपी खातिर सबसे बड़का टेंशन वाली बात बिया ।

बदलल जो मूड तs बिगड़ जाई कुल्ही खेल


 अगर एह आंकड़न के ध्यान से  देखल जाए तs बीजेपी के हार्डकोर वोटर आ राहुल गांधी के पसन करे वाला वोटर के संख्या लगभग बराबर बा। राहुल गांधी के भी 14 प्रतिशत लोग पसंद कइले बा। एकर सीधा मतलब  ई बा कि विचारधारा से परे बीजेपी के पास बड़ा संख्या में अईसन मतदाता बाड़े, जे दूसरको तरफ जा सकत बाड़े ।

ई वर्ग  दु बार पीएम मोदी को वोट कइले बा । एहु बार उ नाराज नइखे लउकत, बाकिर दु बेर सत्ता में देखला के बाद उ तीसरा बेर परिवर्तन के मूड में आ गईल , आ एह बात से मनो नइखे कइल जा सकत । हालांकि, एहिजा अब गेना विपक्ष के पाला में जात लउकत बा। अगर उ एह वोटर के अपना ओरि झुकावे में कामयाब होत बा तs बीजेपी खातिर 2024 में  वापसी कईल मुश्किल होई । लोकसभा चुनाव में करीब 400 दिन के समय बांचल बा . एह दऊरान बीजेपी आ कांग्रेस दूनो पार्टी हार्डकोर वोटर्स के अलावा बड़हन संख्या में फईलल एह वोटर के ही साधे के पुरजोर कोशिश करी।

456990cookie-checkMood Of The Nation Poll: का सांचों टूट रहल बा मोदी आ अमित शाह के सबसे बड़का तिलिस्‍म? जानि ताजा सर्वे कईसे बढ़ा रहल बा बीजेपी के टेंशन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.