[the_ad_group id="30365"]

बिहार के 19 जिलन में आज आंधी-बरखा के अलर्ट: 15 जून के पटना पहुंची मानसून, 17 जून तक समूचा राज्य में दिखी असर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार में मानसून दस्तक दे देले बा। मंगर के सांझ मधेपुरा, मुंगेर, सीतामढ़ी आ पूर्वी चंपारण में आंधी के संगे झमाझम बरखा  भइल। एसे लोगन के भीषण गरमी से राहत मिलल बा। ओहिजा, बुध के राज्य के 19 जिलन में आंधी आ बरखा के संभावना बा। मौसम विभाग 19 जिलन में बरखा आ 9 जिलन में हीट वेव के अलर्ट जारी कइले बा।

मौसम विभाग के मोताबिक 15 जून तक मानसून पटना पहुंची। ओहिजा, 17 जून तक समूचा राज्य में मानसून के बरखा सुरू हो जाई। मौसम विभाग बतवलस कि किशनगंज, मधेपुरा, खगड़िया, शेखपुरा होत 15 जून तक पटना, समस्तीपुर, मधुबनी, दरभंगा, सीतामढ़ी मानसून पहुंची। एकरा बाद 16 आ 17 जून तक गोपालगंज, मुजफ्फरपुर, शिवहर सहित आउर हिस्सन में एकर प्रभाव लउकी।

एह जिलन में बरखा के संभावना

मौसम विभाग पूर्वी आ पश्चिमी चंपारण, गोपालगंज, सीवान, सारण, मुजफ्फरपुर, वैशाली, शिवहर, समस्तीपुर, सीतामढ़ी, दरभंगा, मधुबनी, सहरसा, सुपौल, मधेपुरा, अररिया, पूर्णिया, कटिहार आ किशनगंज में बरखा के संभावना जतवले बा। ओहिजा, प्रदेश के 9 जिलन में हीट वेव के इस्थिति बनल रही। एमे पटना, बक्सर, भोजपुर, रोहतास, औरंगाबाद, गया, नालंदा, नवादा आ शेखपुरा सामिल बा।

भीषण गरमी से बांचे के कोसिस करत महिला लोग।

भोजपुर आ औरंगाबाद रहल सबसे गरम

पिछला 24 घंटन के दौरान भोजपुर आ औरंगाबाद जिला सबसे गरम रहल बा। इहां के अधिकतम तापमान 43.9 डिग्री सेल्सियस दर्ज कइल गइल बा। पटना के 42.5 डिग्री, गया के 43.6 डिग्री, मोतिहारी के 42.8 डिग्री, शेखपुरा के 41.3 डिग्री, नवादा के 41.7 डिग्री, नालंदा के 41.8 डिग्री सेल्सियस दर्ज कइल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]