Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

भारत में एह साल मानसून सामान्य रही : मौसम विभाग

152

मौसम विभाग के मुताबिक – ए साल देश भर में 83.7 मिमी बरखा होई। जुलाई के आसपास एल-नीनो के कंडीशन हो सकेला। मानसून से एल-नीनो के कवनो सीधा संबंध ना होई।

मौसम विभाग के कहना बा कि एह साल मानसून सामान्य रही | एह साल 96 प्रतिशत (+/-5%) मानसून होई।एह साल देश भर में 83.7 मिमी बरखा होई। जुलाई के आसपास एल-नीनो के हालत प्रचलित हो सकेला। मानसून से एल-नीनो के कवनो सीधा संबंध ना होई। प्रशांत महासागर में पेरू के लगे सतह के गरम होखे के एल नीनो कहल जाला। एल नीनो के कारण समुंद्र के तापमान आ वायुमंडल में बदलाव होला। एह बदलाव के कारण समुंद्र के तापमान 4-5 डिग्री बढ़ जाला। एल नीनो के कारण पूरा दुनिया के मौसम प्रभावित होला।

511510cookie-checkभारत में एह साल मानसून सामान्य रही : मौसम विभाग

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.