[the_ad_group id="30365"]

Monsoon Session: मणिपुर हिंसा आ अध्यादेश पs घमासान के आशंका, सरकार के सोझा 31 विधेयक पास करावे के चुनौती

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मणिपुर में जारी हिंसा आ दिल्ली अध्यादेश पs घमासान के आशंका के बीच संसद के मानसून सत्र आज से सुरू होखे जा रहल बा। एकजुटता बैठक के बाद होखे जा रहल मानसून सत्र में विपक्षी दल आ राजग के तीख तेवर देखे के मिल सकत बा। कांग्रेस मणिपुर हिंसा पs चरचा से कवनो समझौता ना करे के ऐलान कs के आपन तेवर पहिलही स्पष्ट कs देले बिया। ओहिजा सरकार के ओर से संसदीय कार्य मंत्री प्रह्लाद जोशी साफ कइलें कि संसदीय नियमन आ अध्यक्ष के निरदेसन के अनुरूप ऊ मणिपुर समेत कवनो विषय पs चरचा खातिर तइयार बाड़ें।

मणिपुर हिंसा पs चरचा के प्राथमिकता

मणिपुर हिंसा पर चरचा से कवनो समझौता ना करे के ऐलान से साफ बा कि एकरा के लेके सत्ता पक्ष आ विपक्ष के बीच तीख नोकझोंक हो सकत बा। सर्वदलीय बैठक में कांग्रेस, तृणमूल कांग्रेस, सीपीएम समेत तमाम विपक्षी दल मणिपुर हिंसा पs चरचा के प्राथमिकता पs रखलस। एकरा संगही दिल्ली अध्यादेश के लेके एकजुट विपक्ष हमलावर लउकी आ सरकार के घेरे के कोसिस करी। आदमी पार्टी समेत सब विपक्षी नेता सुप्रीम कोर्ट के फैसला के खिलाफ ले आवल गइल एह अध्यादेश के लोकतंत्र आ संविधान के खिलाफ बता चुकल बा।

सर्वदलीय आ कार्यमंत्रणा समिति के बैठक

बेंगलुरू में इंडिया गठबंधन के स्वरुप देवे वाला विपक्ष के एकजुटता के मानसून सत्र में पहिला परीक्षा होई। ओइसे एकजुट विपक्ष खातिर अभी एह अध्यादेश से संबंधित विधेयक के दुनो सदनन से पास होखे से रोकल मुश्किल होई। सर्वदलीय आ कार्यमंत्रणा समिति के बैठक में प्रह्लाद जोशी बतवलें कि 11 अगस्त तक चले वाला मानसून सत्र में सरकार के ओर से 31 विधेयक पेश कइल जाई। एमे दिल्ली अध्यादेश से जुड़ल बिल के अलावे एगो फिल्म पाइरेसी के रोके के कानून के ड्राफ्टो  सामिल बा।

31 विधेयक पेश कइल जाई 

संवैधानिक प्रावधानन के मोताबिक, सरकार खातिर दिल्ली अध्यादेश से संबंधित विधेयक के एही सत्र में पास करावल जरूरी होई। एकरा संगही आयु आधारित वर्ग में फिलिम सर्टिफिकेशन देवे, नेशनल रिसर्च फाउंडेशन के स्थापना, निजी डाटा संरक्षण, वन संरक्षण कानून में संशोधन से संबंधित बिल पेश कइल जाई। ओहिजा सरकार मानसून सत्र के दौरान सहकारिता क्षेत्र से संबंधित जन विश्वास संशोधन विधेयक आ मल्टी स्टेट कोआपरेटिव सोसाइटीज बिल पास करावे के कोसिस करी।

33 फीसद महिला लोगन के आरक्षण के प्रावधान के विधेयक

सर्वदलीय बैठक में बीजद, वाइएसआर कांग्रेस आ बीआरएस  महिला आरक्षण के विधेयक पास करावे के मांग कइलस। संसद आ विधानसभा में 33 फीसद महिला लोगन के आरक्षण के प्रावधान के विधेयक राज्यसभा में पहिलही से पारित हो चुकल बा आ लोकसभा में ई लंबित बा। लोकसभा अध्यक्ष ओम बिरला सदन के नेता लोगन के बैठक में सत्र के सुचारू रुप से चलावे खातिरा सबकर सहयोग मंगलें।

विपक्ष दल आपन मांग रखल लो

ओहिजा विपक्षी दलन के नेता साफ कहल लो कि मणिपुर हिंसा पs पीएम मोदी से संसद के दुनो सदन में बयान के ओह लोगन ले मांग बा। संगही महंगाई, राज्यन के अधिकारन पs अतिक्रमण के संगे संघीय ढांचा पs हमला, अदाणी विवाद पs जेपीसी के गठन के मांग, पूर्वी लदाख में एलएसी पs तीन साल से जादे समय से चीन के संगे जारी सैन्य टकराव गतिरोध जइसन कइयन अहम मुद्दन पs बहस करावे के विपक्ष दल आपन मांग रख देले बाड़ी सs।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]