[the_ad_group id="30365"]

सरकार दिहलस नया साल के गिफ्ट, सस्ता भइल LPG सिलेंडर, जानीं ताजा रेट

एलपीजी सिलेंडर
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नया साल के मौका पs केंद्र सरकार एगो बड़ फैसला लेले बिया। व्यावसायिक उपयोग खातिर 19 किलो के एलपीजी सिलेंडर के दाम बुध के दिने दिल्ली से मुंबई ले 14-16 रुपिया कम हो गइल. हालांकि घरेलू उपयोग एलपीजी सिलेंडर (14.2 किलो) के भाव 803 रुपया बनल बा। सार्वजनिक क्षेत्र के पेट्रोलियम कंपनी के ओर से जारी अधिसूचना के मुताबिक, राष्ट्रीय राजधानी में अब होटल अवुरी रेस्तरां जईसन अलग-अलग प्रतिष्ठान में इस्तेमाल होखेवाला व्यावसायिक एलपीजी के दाम 1804 रुपया होई, जवन कि पहिले 1818.50 रुपया रहे।

दिसंबर में सिलेंडर महंगा हो गईल 

बता दीं कि दिसंबर महीना में एलपीजी सिलेंडर महंगा हो गइल रहे. सरकारी तेल कंपनी व्यावसायिक एलपीजी सिलेंडर के दाम बढ़ा देले रहल। इंडियन ऑयल के मुताबिक 19 किलो के एलपीजी सिलेंडर के कीमत में ₹ 16.50 के बढ़ोतरी भईल रहे। एकरा से पहिले भी नवम्बर महीना में व्यावसायिक एलपीजी सिलेंडर महंगा हो गईल रहे। बता दीं कि सरकारी तेल कंपनी महीना के पहिला दिन गैस सिलेंडर के दाम तय करेले।

एटीएफ के सस्ता भी बनावल गईल 

हवाई जहाज में इस्तेमाल होखे वाला एटीएफ के दाम भी कम कईल गईल बा। सरकारी तेल कंपनी एक जनवरी से विमानन ईंधन के दाम घटा दिहले बाड़ी सँ. बता दीं कि दिसंबर में विमानन ईंधन (एटीएफ) के दाम में 11401.37 रुपया प्रति किलो लीटर के राहत दिहल गईल रहे। 

इहो पढ़ीं : सबेरे-सबेरे: सबसे काम के बा इs न्यू ईयर रिजॉल्यूशन, सेहत के देई कईयो फायदा, फिगर भी रही चकाचक

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]