[the_ad_group id="30365"]

मॉडल सदर अस्पताल के स्वास्थ्य मंत्री कइले शिलान्यास

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

• 36 करोड़ 47 लाख के लागत से बनी मॉडल सदर अस्पताल

• मॉडल अस्पताल बनावे के काम दू बरिस में पूरा करे के लक्ष्य

सीवान। अब सीवान जिला के लोग के बेहतर स्वास्थ सुविधा मुहैया करावल जा सकेला। हर आदमी के बेहतर चिकित्सकीय सुविधा मिल सको एकरा ला राज्य सरकार आ स्वास्थ विभाग प्रतिबद्ध बा। एही उद्देश्य से सीवान में मॉडल सदर अस्पताल के आधारशीला राखल गइल बा। सूबा के स्वास्थ्य मंत्री मंगल पांडेय के द्वारा मॉडल सदर अस्पताल के काम सुरु कइल गइल। ऊ  बतवले कि 36 करोड़ 47 लाख के लागत से मॉडल सदर अस्पताल केे निर्माण कइल। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ सीएम नीतीश कुमार के नेतृत्व में लगातार स्वास्थ सेवा में सुधार करे के कोसिस कइल जा रहल बा। ऊ कहेले की पांच बरिस से लगातार स्वास्थ विभाग के तमाम चुनौतियन के सामना करत सुधार के कोसिस कइल जा रहल बा। सरकार के मॉडल अस्पताल परियोजना के तहत हर जिला में एगो मॉडल अस्पताल बनावे के लक्ष्य बा। सिवान के सदर अस्पताल के मॉडल अस्पताल बनावे ला फंड्स दिहल गइल बा, जेकर जरुरतो महसूस होत रहे। सबसे पहिले डीआई बिल्डिंग आ महिला वार्ड के निर्माण होई। दूसरा चरण मे ईमरजेंसी वार्ड के निर्माण आ ओकरा बाद पुरुष वार्ड सहित आउर भवनन के निर्माण कइल जाई। समूचा अस्पताल सुविधा से लैस होई। भवन से लेके बेड ले सब कुछ बिल्कुल हाई टेक होई। इहां G+4 बिल्डिंगें बनी। जवना में अल्ट्रासाउंड , पैथोलॉजी, सीटी स्केन, बेहतर ओटी सहित आउर सेवा के लाभ अब जिला वासियन के आसानी से मिल सकी। एकर ला सदर अस्पताल में 42 बेड के पीकू वार्ड बनावल जाई। जेमे लईकन के इलाज कइल जाई।

250 बेड के होई अस्पताल, आधुनिक सुविधा से होई लैस:

 

मंत्री कहले कि सदर हॉस्पिटल में 250 बेड के मॉडल अस्पताल बनी। अस्पताल भवन ग्राउंड फ्लोर के अलावे 4 मंजिला होई। एमे ढाई सौ बेड होई आ सब तरे के सुविधा उपलब्ध होई। एसे डॉक्टर आ कर्मचारियन ला इलाज कइल आसान हो जाई। मरीज के बेहतर स्वास्थ सुविधा मिली। मॉडल हॉस्पिटल में कइयन तरे के आधुनिक सुविधा होई। एमे महिला वार्ड आ पुरुष वार्ड अलग से होई। एकरा आलावे अलग – अलग रोग के ओपीडी होई। संगही प्रसव कक्ष आ ऑपरेशन थिएटर बनावल जाई। ऑपरेशन थिएटर आधुनिक सुविधा से लैस होई, ताकि गंभीर मरीजन के ऑपरेशन आसानी से कइल जा सके। महिला डाक्टर आ पुरुष डॉक्टरन ला ड्यूटी रूमो बनावल जाई। एमे एक सौ बेड के एमसीचो होई।

 

महाराजगंज में दु महीना में तइयार होई 50 बेड के अस्पताल:

स्वास्थ्य मंत्री मंगल पांडेय कहले कि जिला के महाराजगंज में 50 बेड के एगो नाया अस्पताल के निर्माण करावल जा रहल बा। अब ले 25 प्रतिशत काम पूरा हो चुकल बा। दु महीना के अंदर ई अस्पताल बनके तइयार हो जाई। एसे आमजन के काफी सहुलियत होई। एह मवका पs सीवान के सांसद कविता सिंह, पूर्व विधायक ब्यास देव प्रसाद, विधायक कर्णजीत सिंह उर्फ ब्यास सिंह, एमएलसी वीरेंद्र नारायण यादव, सिविल सर्जन डॉ. यदुवंश कुमार शर्मा, डीपीएम ठाकुर विश्वमोहन सहित आउर पदाधिकारी मवजूद रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]