[the_ad_group id="30365"]

Ram Mandir: राम मंदिर में अब ना ले जा पाएब मोबाइल फोन, जानीं काहें लिहल गइल इs फैसला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

अगर रउवा अयोध्या के रामलला घूमे के योजना बनावत बानी तs इs खबर रउवा खातिर बा। राम मंदिर ट्रस्ट मंदिर में मोबाइल फोन पs पूरा तरीका से रोक लगावे के फैसला कईले बिया। जानकारी देत ​​मंदिर के ट्रस्टी अनिल मिश्रा कहले कि भक्त लोग के सुरक्षा अवुरी सुविधा के ध्यान में राखत इs फैसला लिहल गईल बा।

एह फैसला के बारे में ट्रस्ट सगरी रामभक्तन से एह फैसला के सम्मान करे के अपील भी कइले बा. उs श्रद्धालु लोग से निहोरा कईले कि राम मंदिर परिसर में क्लॉक रूम के सुविधा के उपयोग करीं अवुरी व्यवस्था बनावे में सहयोग करीं।

 ट्रस्ट कइलस आग्रह

जानकारी देत ​​मंदिर के ट्रस्टी अनिल मिश्रा कहले कि भक्त लोग के सुरक्षा अवुरी सुविधा के ध्यान में राखत ट्रस्ट के ओर से इs फैसला लिहल गईल बा। उ कहले कि, परिसर में मोबाइल राखे के पूरा सुविधा बा, हमनी के कवनो कीमती वस्तु के सुरक्षित राखे के पूरा इंतजाम बा। सभे भक्त लोग के एह सुविधा के लाभ उठावे के चाही अवुरी व्यवस्था के कायम राखे में सहयोग करे के चाही।

अरुण योगीराज कइले रहले मूर्ति के निर्माण

अयोध्या के राम जन्मभूमि पारंपरिक नगर शैली में बनल बा। मशहूर मूर्तिकार अरुण योगीराज के बनावल रामलला के 51 इंच ऊँच मूर्ति के 22 जनवरी के पवित्र कइल गइल. एह संस्कार के अध्यक्षता पीएम मोदी कइलन.

25 हजार भक्त एक साथे दर्शन कs सकेलें

राम मंदिर ट्रस्ट के महासचिव चंपत राय जानकारी देहले कि मंदिर के चारों ओर 14 फीट चौड़ा दीवार बनावे के घोषणा कईल गईल बा। परकोटा एक तरह के सुरक्षा दीवार हs, जवन जल्दिए बन जाई। उs कहले कि, मंदिर में भगवान भोलेनाथ से लेके हनुमान जी ले अवुरी 6 मंदिर बनावल जाई। मंदिर के निर्माण पूरा होखला के बाद एक संगे 25,000 भक्त एकरा के देखे आ सकतारे।

 

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]