Attack On Daroga: दारोगा पs भीड़ कइलस हमला, पिस्टल तानके थानेदार बचवलें साथी के जान

Anurag Ranjan
दारोगा पs भीड़ हमला कs देलस।
- Sponsored Ads-


गोरखपुर। झंगहा थाना क्षेत्र के दुबौली के चौहान टोला में झगड़ा सुलझावे खातिर चल रहल पंचायत में मारपीट आ चाकूबाजी हो गइल। एमे हमलावरन के बीच एगो जुवक घिर गइल। सूचना पs जुवक के बचावे पहुंचल दारोगा पs भीड़ हमलावर हो गइल। साथी पुलिसकर्मी पs हमला होत देख थानाध्यक्ष झंगहा पिस्टल निकाल लेलें, तब जाके दारोगा के जान बचल। घटना के बाद पुलिस अधिकारी हमलावरन के चिन्हित करावे में जुट गइल बा लो।

विवाद सुलझावे खातिर चलत रहे पंचायत

मारपीट में घायल छव जुवकन के जिला अस्पताल आ मेडिकल कॉलेज में भरती करावल गइल बा। घटना के वीडियो वायरल बा। गौर करे वाला बात बा कि दुबौली आ हरपुर गांव के जुवकन में सुक के क्रिकेट खेले के दौरान विवाद हो गइल रहे। ओह घरी स्थानीय लोग समझा-बुझाके ममिला के शांत करा देलस। दुबौली के चौहान टोला में एकरा के लेके सनीचर के पंचायत बोलावल गइल रहे। एमे हरपुर गांव से जुवक आ महिला लोग पहुंचल रहे। बातचीत के दौरान अचानके कहासुनी आ मापीट सुरू हो गइल। आरोप बा कि हरपुर गांव के लोग चाकू आ डंटा से हमला कs के फरार हो गइल।

- Sponsored Ads-

एह वीडियो के देखीं: Ashok Pathak ( Binod ) interview | panchayat के विनोद के खांटी भोजपुरी इंटरव्यू | panchayat | Vinod|

सूचना पाके पहुंचल रहस दारोगा

एमे संदीप चौहान, संजय भारती, सोनू चौहान आ अजय साहनी घायल हो गइल लो। परिजन घायलन के नई बाजार के नर्सिंग होम में ले गइल लो। जहां से जिला अस्पताल रेफर कs दिहल गइल। पंचायत में आइल हरपुर के अनिल राजभर आ अनिल कुमार के भीड़ पकड़ लेलस। एही बीच सूचना पाके हल्का दारोगा ज्योति नारायण तिवारी पहुंचलें तs भीड़ दुनो जुवकन के घेरके पीटत रहे। दारोगा के बीच-बचाव के प्रयास कइला पs भीड़ उनको पs हमलावर हो गइल। तबे झंगहा थानेदार राकेश रोशन सिंह पहुंच गइलें आ पिस्टल निकाकले हमलावरन के डेरववले। तब जाके ऊ लोग शांत भइल। दुनो जुवकन संगे घायल दारोगा के प्राथमिक स्वास्थ्य केंद्र ब्रह्मपुर ले आवल गइल, जहां से अनिल राजभर आ अनिल कुमार के जिला अस्पताल भेजल गइल।

दोषियन पs होई कार्रवाई: एसपी उत्तरी

एसपी उत्तरी जितेंद्र श्रीवास्तव आ क्षेत्राधिकारी चौरी चौरा अनुराग सिंह मवका पs पहुंचल लो आ घटनास्थल के जायजा लिहल लो। एसपी उत्तरी जितेंद्र कुमार श्रीवास्तव बतवलैबकि भीड़ पुलिस पs हमला ना बोलले रहे, दारोगा साहस के परिचय देके हमलावारन से घिरल जुवक के बचवलें। घटनास्थल से दुगो हमलावरन के हिरासत में लिहल गइल बा। ममिला के गंभीरता से जांच कइल जा रहल बा। केस दर्ज कs के दोषियन पs कठोर कार्रवाई कइल जाई।

इहो पढ़ीं: UNGA: एकमत से स्वीकारल गइल भारत के सह-प्रायोजित प्रस्ताव, 21 दिसंबर के पूरा दुनिया मनाई विश्व ध्यान दिवस

- Sponsored Ads-

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।