Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मनी लांड्रिंग केस: ED के घेरा में MLC सच्चिदानंद; प० बंगाल के दु चिट फंड कंपनियन से कनेक्शन, 15 ठिकानन पs भइल रहे छापेमारी

1,528

बिहार विधान परिषद के सदस्य सच्चिदानंद राय प्रवर्तन निदेशालय (ED) के घेरा में आ गइल बाड़ें। पश्चिम बंगाल के दु चिट फंड कंपनियन से जुड़ल निदेशकन आ लाभार्थियन के ठिकानन पs ईडी के छापेमारी के बाद सच्चिदानंद राय के नाम सोझा आइल बा। बिहार के सारण जिला के बनियापुर के रहनिहार राय विधान परिषद खातिर स्थानीय निकाय क्षेत्र छपरा से पिछला साल निर्दलीय चुनाव जीतले रहली।

ओह घरी उनकर चरचा सबसे अमीर उम्मीदवार के रूप में भइल रहे। एकरा पहिले राय बीजेपी के टिकट पs एमएलसी चुनल गइल रहस। ईडी निवेशकन से वसूलल गइल 156 करोड़ आ 638 करोड़ रुपिया के मनी लांड्रिंग के ममिला में 1 मार्च के कोलकाता, सिलीगुड़ी, हावड़ा आ आगरा में जवना चिट फंड कंपनियन के खंगरले रहे, ओमे लाभार्थी के तौर पs राय के नाम सोझा आइल बा।

ईडी पिनकॉन ग्रुप आ टावर इन्फोटेक प्राइवेट लिमिटेड नाम के दु चिटफंड कंपनियन के पंद्रह ठिकानन पs कोलकाता, सिलीगुड़ी, हावड़ा आ आगरा में प्रिवेंशन ऑफ मनी लांड्रिंग एक्ट (पीएमएलए) के तहत छापेमारी कइले बा।

ईडी ई करवाई, सीबीआई आ पश्चिम बंगाल पुलिस द्वारा एह दूनो चिट फंड कंपनियन पs निवेशकन के क्रमश: 156 करोड़ आ 638 करोड़ रुपिया के हेराफेरी के आरोप में पहिले से दर्ज एफआआइआर के आधार पs कइले बा। ई दुनो कंपनी ऊंच ब्याज दर आ कम अवधि में पईसा दुगुना करे के लालच देके निवेशकन से पईसा जुटवले रहे।

बाकिर जब पईसा वापस करे के बारी आइल थी तs मुकर गइल। ईडी जवना ठिकानन पs रेड डललस ओमे पिनकॉन ग्रुप आ टावर ग्रुप के निदेशक मनोरंजन राय, हरि सिंह आ लाभार्थी सुभारती बनर्जी, संजय बसु, मीना डे आ रमेंदु चट्टोपाध्याय सामिल बा लोग। एकरा संगही दोसर लाभार्थी ईडन इंफ्राप्रोजेक्ट्स प्राइवेट लिमिटेड के निदेशकन इंद्रजीत डे आ सच्चिदानंद राय के ठिकानन के ईडी सर्च कइलस। बिहार विधान परिषद के सदस्य सच्चिदानंद राय के कंपनी रियल एस्टेट, ट्रांसपोर्ट आ आउर कारोबार से जुड़ल बा।

कइयन ठिकानन पs छापा में मिलल 1.27 करोड़ नकदी

इंडियन स्ट्रक्चरल इंजिनियरिंग कंपनी प्राइवेट लिमिटेड एंड आशीष हील्स लिमिटेडो लाभार्थी कंपनी बा, जवना के ठिकानन पs ईडी रेड कइले बा। ईडी के मोताबिक छापेमारी के दौरान दस्तावेज, मोबाइल फोन आ लैपटॉप जइसन डिजिटल सबूत आ 1.27 करोड़ रुपिया के नगदी जब्त कइल गइल बा। सच्चिदानंद राय बिहार में बिहार एस्टेट ट्रांसपोर्ट कंपनी कारपोरेशन के संगे साझेदारी में इडेन के लग्जरी बस सेवा सुरू भइल रहे।

476610cookie-checkमनी लांड्रिंग केस: ED के घेरा में MLC सच्चिदानंद; प० बंगाल के दु चिट फंड कंपनियन से कनेक्शन, 15 ठिकानन पs भइल रहे छापेमारी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.