Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

उद्धव ठाकरे के ‘माफिया’ बतवला पs भड़कले एकनाथ शिंदे गुट के विधायक, भाजपा नेता कइले रहस ट्वीट

शिंदे गट के प्रवक्ता केसरकर आ बुलधाना के विधायक संजय गायकवाड़ सोमैया पs तंज कसत भाजपा से ठाकरे के निशाना ना बनावे के चेतावनी दिहल लो । गायकवाड़ कहले कि ओह लो के सरकार के कवनो परवाह नईखे।

412

उद्धव ठाकरे पs भाजपा नेता किरिट सोमैया के तीख हमला के लेके एकनाथ शिंदे गुट आ भाजपा के बीच दरार आ गइल बा। शिंदे गुट के प्रवक्ता दीपक केसरकर आ बुलधाना के विधायक संजय गायकवाड़ सोमैया पs तंज कसत भाजपा से कहल लो कि उ ठाकरे के निशाना बनावे से बचे लो। गायकवाड कहले कि उनका सरकार से कवनो मतलब नईखे, लेकिन ठाकरे पs कवनो निजी हमला के बर्दाश्त ना कईल जाई।

केसरकर आ गायकवाड़ सोमैया के एगो ट्वीट पs भड़क गईल लो, जवना में उ कहले रहस, आज मंत्रालय में ‘रिक्शावालन’ के सीएम एकनाथ शिंदे से मुलाकात कईनी आ उनका के शुभकामना देनी। माफिया सीएम बदले खातिर उनका के धन्यवाद।

शिंदे गुट के प्रवक्ता केसरकर कहले कि, सोमैया के ओर से उद्धव ठाकरे के खिलाफ जवन शब्द बोलल गइल बा ओकरा से हम सहमत नईखी। अइसन शब्दन के प्रयोग ना करे के चाहीं। एह पs कवनो टिप्पणी करे के जरूरत नइखे। हमनी के पहिलही मुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे, उपमुख्यमंत्री देवेंद्र फडणवीस आ बाकी विधायकन से निहोरा कs चुकल बानी कि उद्धव ठाकरे के आलोचना ना करो लो, ना कवनो बयान देवे लो। उम्मीद बा कि फडणवीस सोमैया से कहिहे कि उद्धव ठाकरे के खिलाफ व्यक्तिगत टिप्पणी ना करस, जवन भइल उ हमनी के पसंद ना आइल।”

दोसरा तरफ सोमैया के कड़ा आलोचक गायकवाड़ चेतवले बाड़न कि ठाकरे परिवार के खिलाफ आलोचना ऊ बर्दाश्त ना करिहें। उ कहले कि, सोमैया के धेयान राखे के चाही कि हमनी के ठाकरे परिवार पs उनकर हमला बर्दाश्त ना करेम सs। जदि सोमैया ठाकरे परिवार के खिलाफ आपन बयान जारी रखले तs हमनी के सत्ता के कवनो परवाह ना होई।

उ कहले कि, किरीट सोमैया के इ ना सोचे के चाही कि विधायक शिवसेना से अलग हो गईल बाड़े चाहे अलग गुट बनवले बाड़े। हमनी के शिवसेना हईं जा। सोमैया के ई ना सोचे के चाहीं कि हमनी का बालासाहेब ठाकरे, उद्धव ठाकरे, आदित्य ठाकरे के प्रति आपन वफादारी छोड़ दिहले बानी जा आ ओह लोग के गारी दे के अलगा हो जाएम जा।

 

289470cookie-checkउद्धव ठाकरे के ‘माफिया’ बतवला पs भड़कले एकनाथ शिंदे गुट के विधायक, भाजपा नेता कइले रहस ट्वीट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.