[the_ad_group id="30365"]

हादसा में बाल-बाल बचलें विधायक के भाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कोतवाली क्षेत्र के नेशनल हाईवे इस्थित नेदुला चौराहा के लगे गोरखपुर ग्रामीण के विधायक विपिन सिंह के भाई के कार के एगो ट्रक टक्कर मार देलस। अतवार के दिन में भइल हादसा में कार क्षतिग्रस्त हो गइल। हालांकि, हादसा में विधायक के भाई बाल-बाल बच गइलें। ऊ दोसर गाड़ी से गोरखपुर रवाना हो गइलें।

पूर्व विधायक अंबिका सिंह के बड़े बेटा आ गोरखपुर ग्रामीण के विधायक विपिन सिंह के भाई पूर्व प्रमुख यशवंत सिंह अतवार के लखनऊ से गोरखपुर जात रहस। अभी ऊ नेशनल हाईवे के नेदुला के लगे पहुंचल रहस कि एगो ट्रक कार में में टक्कर मार देलस। ऐसे कार के अगिला हिस्सा पूरा तरे क्षतिग्रस्त हो गइल।

एह हादसा में यशवंत सिंह बाल-बाल बच गइलें। लोग उनका के गाड़ी से बाहर निकलले। एकरा बाद यशवंत सिंह दोसर वाहन से गोरखपुर खातिर रवाना हो गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]