Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

हादसा में बाल-बाल बचलें विधायक के भाई

941

कोतवाली क्षेत्र के नेशनल हाईवे इस्थित नेदुला चौराहा के लगे गोरखपुर ग्रामीण के विधायक विपिन सिंह के भाई के कार के एगो ट्रक टक्कर मार देलस। अतवार के दिन में भइल हादसा में कार क्षतिग्रस्त हो गइल। हालांकि, हादसा में विधायक के भाई बाल-बाल बच गइलें। ऊ दोसर गाड़ी से गोरखपुर रवाना हो गइलें।

पूर्व विधायक अंबिका सिंह के बड़े बेटा आ गोरखपुर ग्रामीण के विधायक विपिन सिंह के भाई पूर्व प्रमुख यशवंत सिंह अतवार के लखनऊ से गोरखपुर जात रहस। अभी ऊ नेशनल हाईवे के नेदुला के लगे पहुंचल रहस कि एगो ट्रक कार में में टक्कर मार देलस। ऐसे कार के अगिला हिस्सा पूरा तरे क्षतिग्रस्त हो गइल।

एह हादसा में यशवंत सिंह बाल-बाल बच गइलें। लोग उनका के गाड़ी से बाहर निकलले। एकरा बाद यशवंत सिंह दोसर वाहन से गोरखपुर खातिर रवाना हो गइल।

685440cookie-checkहादसा में बाल-बाल बचलें विधायक के भाई

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.