[the_ad_group id="30365"]

स्टालिन के बेटा उदयनिधि तमिलनाडु के डिप्टी CM होइहें, आज राजभवन में शपथ लिहें 

उदयनिधि स्टालिन तमिलनाडु के खेल मंत्री बाड़ें। अब उनका के योजना आ विकास विभाग के जिम्मा सउपल गइल बा।
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

तमिलनाडु सरकार के मंत्रिमंडल में सनीचर के फेरबदल कइल गइल। खेल मंत्री आ सीएम एम के स्टालिन के बेटा उदयनिधि स्टालिन के डिप्टी सीएम बनावल गइल बा। मनी लॉन्ड्रिंग ममिला में सुप्रीम कोर्ट से जमानत मिलला के दु दिन बाद वी सेंथिल बालाजी के मंत्रिपरिषद में वापसी भइल बा।

बालाजी एह साल फरवरी में कैश फॉर जॉब स्कैम में गिरफ्तारी के कुछ महीना बाद इस्तीफा देले रहस। डॉ. गोवी चेझियन, आर राजेंद्रन आ एस एम नासर के नया कैबिनेट में सामिल कइल गइल बा। डेयरी विकास विभाग संभारे वाला मनो थंगराज सहित तीन मंत्रियन के हटावल गइल बा।

राजभवन के तरफ से बतावल गइल बा कि सीएम स्टालिन राज्यपाल आरएन रवि से उदयनिधि के डिप्टी सीएम नॉमिनेट करे आ कैबिनेट के विस्तार करे के सिफारिश कइले रहस। राज्यपाल एकरा के मंजूरी दे देले बाड़ें। राजभवन में अतवार दुपहरिया 3.30 बजे शपथ ग्रहण समारोह होई।

पिता एमके स्टालिन आ पार्टी के आउर लोगन के संगे उदयनिधि स्टालिन।
पिता एमके स्टालिन आ पार्टी के आउर लोगन के संगे उदयनिधि स्टालिन।

उदयनिधि के डिप्टी सीएम के अलावा एगो आउर विभाग के जिम्मा

उदयनिधि स्टालिन के उनकर मवजूदा युवा कल्याण आ खेल विकास विभाग के अलावे योजना आ विकास मंत्रालय के जिम्मा सउपले बाड़ें। बालाजी के कवन मंत्रालय दिहल जाई, ई अभी ले साफ नइखे भइल।

ED बालाजी के 14 जून 2023 के गिरफ्तार कइल गइल रहे। ओह समय ऊ राज्य सरकार में ऊर्जा मंत्री रहस। एकरा अलावे उनका लगे आबकारी आ निषेध विभाग रहे। ऊ 15 महीना जेल में रहलें। 27 सितंबर के सुप्रीम कोर्ट बालाजी के मनी लॉन्ड्रिंग ममिला में जमानत देले रहस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]