मिथुन चक्रवर्ती के दादा साहब फाल्के पुरस्कार से कइल जाई सम्मानित

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 30, 2024

    बॉलीवुड सुपरस्टार मिथुन चक्रवर्ती के दादासाहेब फाल्के अवार्ड से सम्मानित कइल जाई. कुछ समय पहिले एलान भइल रहे कि दादासाहेब फाल्के चयन निर्णायक मंडल भारतीय सिनेमा में उनुका विशिष्ट योगदान खातिर मिथुन चक्रवर्ती

Share

मिथुन चक्रवर्ती के दादा साहब फाल्के पुरस्कार से कइल जाई सम्मानित: फोटो

 

 

बॉलीवुड सुपरस्टार मिथुन चक्रवर्ती के दादासाहेब फाल्के अवार्ड से सम्मानित कइल जाई. कुछ समय पहिले एलान भइल रहे कि दादासाहेब फाल्के चयन निर्णायक मंडल भारतीय सिनेमा में उनुका विशिष्ट योगदान खातिर मिथुन चक्रवर्ती के ई पुरस्कार देबे के फैसला कइले बिया.  मिथुन चक्रवर्ती, जेकरा के बॉलीवुड के पहिला डिस्को डांसर कहल जाला। फिल्म जगत में नायकन के डांसिंग स्टाइल के नया तरीका से पेश कइलन. जवना के लोग बहुत प्यार देले बाड़े। उनुका के भारत में ही ना बालुक रूस, चीन अवुरी जापान जईसन बहुत देश में बहुत प्यार मिलल बा। कई गो प्रशंसक उनुका के जिमी कहल पसंद करेलें.

इs घोषणा करत केंद्रीय मंत्री अश्विनी वैष्णव सबसे पहिले ट्विटर पs लिखले कि ” मिथुन दा के उल्लेखनीय सिनेमाई सफर पीढ़ियन के प्रेरित करेला! हमरा ई बतावत गर्व बा कि दादासाहेब फाल्के चयन निर्णायक मंडल भारतीय सिनेमा में विशिष्ट योगदान खातिर महान अभिनेता श्री मिथुन चक्रवर्ती के ई पुरस्कार देबे के फैसला कइले बिया.  8 अक्टूबर 2024 के होखे वाला 70वां राष्ट्रीय फिल्म पुरस्कार समारोह में ई पुरस्कार दिहल जाई.”एह जानकारी के साझा कइला के बाद प्रशंसक आपन खुशी जतावत बाड़े.

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.