पहिला बेर किन्नर के रोल में लउकिहें मिस यूनिवर्स सुष्मिता सेन, जानीं केपर आधारित बा ई सीरीज

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 6, 2022

मीडिया रिपोर्ट्स के मानल जाव त सुष्मिता सेन, अपने अपकमिंग वेब सीरीज में जानल मानल ट्रांसजेंडर गौरी सावंत के किरदार निभावे वाला बाड़ी। अभिनेत्री इस वेब सीरीज के जरिए एक्टिविस्ट गौरी सावंत के जिंदगी के

Share

गौरी सावंत

सुष्मिता के पसंद आइल गौरी के किरदार 

खबरन के मानल जाव त जब सुष्मिता सेन के एह वेब सीरीज खातिर अप्रोच कइल गइल त उनके ट्रांसजेंडर गौरी के किरदार बहुत पसंद आइल। बता देईं कि गौरी सावंत, सखी चार चौघी ट्रस्ट के संस्थापक अउरी निदेशक हई। उ, सेफ सेक्स खातिर जागरुकता फैलावे अउरी ट्रांसजेंडर समाज के समस्या से लड़ले खातिर, साल 2000 में एकर शुरुआत कइल गइल।
सुष्मिता सेन

6 एपिसोड में दिखावल जाई गौरी के जिंदगी के कहानी 

रिपोर्ट्स में एह बात के भी जानकारी दीहल गइल बा कि सुष्मिता सेन, गौरी सावंत पs आधारित वेब सीरीज के शूटिंग नवंबर महीना से शुरू करे जा रहल बा। हालांकि, अभिन ले एह पर कौनो आधिकारिक जानकारी साझा नाइ भइल बा। रिपोर्ट्स में इहो कहल जा रहल बा कि सुष्मिता सेन, एह वेब सीरीज के कंपलीट कइले के बादे, अपने हिट वेब सीरीज ‘आर्या 3’ पर काम शुरू करिहें।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.