Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कारगिल शहीद के घर में लूट: दहशत के 20 मिनट… बेटा के गटई पर रखलस चाकू, बदमाश बोललस- शोर मचवलू त काट देब

728

आगरा के ताजनगरी फेज-1 में कारगिल शहीद श्यामवीर सिंह के घर में लूट करे वाले बदमाश तकरीबन 20 मिनट तक रहले। दू साल के मासूम बच्चा के गला काटे के धमकी दे के शहीद के पुत्रवधू शकुंतला देवी के बंधक बना लेहले सब। छैनी-हथौड़े से अलमारी के लॉकर तोड़लस अउरी 40 तोला सोना, 2.5 किलोग्राम चांदी के जेवरात अउरी पांच लाख रुपया लूट ले गइले। लूट के दौरान एगो बदमाश शकुंतला देवी के धमकी देत रहल। बेटा के गर्दन पर चाकू रखल देख के ऊ दहशत से सहम गईली। बदमाशन के जाए के बाद शकुंतला कौनों तरह अपने हाथ के रसरी खोलली अउरी मोबाइल से पति के सूचना देहली। घटना की जानकारी पर कॉलोनी के लोग भी आ गईल। सोमवार शाम के भईल लूट के घटना के दरोगा छिपावे के प्रयास कइले। मंगलवार के साँझ पुलिस अधिकारियन के जानकारी भईल। एकरे बाद मुकदमा दर्ज कइल गईल। पुलिस अब सीसीटीवी फुटेज के आधार पर दूनों बदमाशन के तलाश में जुटल बिया।

पीड़ित नरेश चाहर बतवले कि बदमाश कोठी के मुख्य गेट खोलके अंदर आइल रहने सब। शकुंतला घर के साफ-सफाई करत रहली। दू साल के बेटा भविष्य पास में बेड पर खेलत रहल। शकुंतला के अनुसार, एगो बदमाश चेहरा पर साफी बंधले रहे, जबकि दूसरका मास्क पहिनले रहे। दूनों टीशर्ट-जींस में रहने। उनकर उमिर 30 से 35 साल के करीब रहल।

एक बदमाश घर में घुसतही बेटा भविष्य के गोद में उठाकर ओकरे गर्दन पर चाकू लगा देहलस। शकुंतला चिल्लइली त दूसरका बदमाश कहलस कि शोर मचवलू त बच्चा के गटई काट देब। ऊ दहशत से चुप हो गइली। बदमाश उनकर हाथ-गोड़ रसरी से बांध देहले। जेवरात अउरी नकदी के बारे में पूछलें। शकुंतला अलमारी में रखल होखले के बारे में कहली। बदमाश छैनी अउरी हथौड़े से अलमारी के लॉकर तूड़ के जेवरात अउरी रुपये निकाल लेहलस।

सूचना पर थाना ताजगंज के दरोगा मोहम्मद अतीक पहुंचले। ऊ कार्रवाई के आश्वासन देहले। परिवार के लोग से बात कइलें। घटना के जानकारी लेहले। सीसीटीवी फुटेज में दूनों बदमाश नजर आ गईल रहल। फुटेज लेके दरोगा चल गइलें, लेकिन मुकदमा दर्ज नाई भइल। मंगलवार के नरेश चाहर थाना पहुंचले। ऊ तहरीर देहलें। एकरे बाद मुकदमा दर्ज कइल गईल।

पुलिस के आशंका बा कि बदमाश रेकी क के आईल रहने। घर में मां-बेटा अकेल रहल लोग। एह बारे में बदमाशन के पहिले से पता रहल। सीसीटीवी कैमरा के फुटेज में पैदल जात नजर आ रहल बाने सब। उ बाइक घटनास्थल से कुछ दूरी पर ठाढ़ होई। पुलिस इलाका में लागल अन्य सीसीटीवी के फुटेज भी चेक कs रहल बिया।

 

301100cookie-checkकारगिल शहीद के घर में लूट: दहशत के 20 मिनट… बेटा के गटई पर रखलस चाकू, बदमाश बोललस- शोर मचवलू त काट देब

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.