Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

छपरा में मुखिया प्रतिनिधि के हत्या करे पहुंचल अपराधियन द्वारा फायरिंग ; तीन अपराधी गिरफ्तार, एगो फरार

819

छपरा(सारण)/धर्मेंद्र कुमार सिंह: छपरा जिला के मांझी थाना अंतर्गत मुबारकपुर गांव इस्थित मुर्गी फार्म पs हत्या के नीयत से पहुंचल अपराधिन द्वारा मुखिया प्रतिनिधि पs फायरिंग सुरू कs दिहल गइल। हालांकि, ऊ बाल-बाल बच गइलें। एह क्रम में मुखिया प्रतिनिधि के तरफ से फायरिंग कइल गइला के सूचना मिलल बा।

ओह दौरान मुखिया प्रतिनिधि ग्रामीणन के सहजोग से तीन अपराधियन के मवके पs पकड़ लेलें। जवना के बाद ओकनी के जमके धुनाई सुरू भइल। ओहिजा एह दौरान गदरा नाम के एगो अपराधी भाग निकले में सफल रहल। गिरफ्तार तीन अपराधियन में एगो राहुल आ दूसरका विक्की बतावल जा रहल बा। सब अपराधी मुबारकेपुर के रहे वाला बतावल गइल बा लो। सूचना के बाद मांझी थानाध्यक्ष दल बल के साथ मवका पs पहुंचलें आ फायरिंग करे वाला तीन अपराधियन के भीड़ के चंगुल से बचवलें।

घटना के संबंध में बतावल जात बा कि मुबारकपुर के मुखिया प्रतिनिधि विजय यादव अपना मुर्गी फार्म पs रहस। ओहि बीच चार अपराधी उहां पहुंचल लो आ उनका ऊपर फायरिंग सुरू कs दिहल लो। जवना में ऊ बाल-बाल बच गइलें आ स्थानीय लोगन के सहजोग से तीन अपराधियन के पकड़ लिहल गइल। जवन  के बाद ओकनी के जमके धुनाई कइला के बाद पुलिस के सउपल गइल।

बतावत चलीं कि बीतल साल ओहि मुर्गी फार्म के लगे उनर पिता के गोली मारके अपराधियन द्वारा हत्या कइल गइल रहे। ओह ममिला में पुलिस जांच कइये रहल बिया कि तब ले मुखिया प्रतिनिधियो के ऊपर जानलेवा हमला कइल गइल। फिलहाल पुलिस ममिला के छानबीन में जुटल बिया।

449560cookie-checkछपरा में मुखिया प्रतिनिधि के हत्या करे पहुंचल अपराधियन द्वारा फायरिंग ; तीन अपराधी गिरफ्तार, एगो फरार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.