[the_ad_group id="30365"]

भगवद् गीता अउरी बाइबल कंठस्थ कइलें पर कैदियन के सजा में छूट, पाकिस्तान में सरकार लाई प्रस्ताव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पंजाब प्रांत के गृह विभाग शुक्रवार के मुख्यमंत्री चौधरी परवेज इलाही के प्रांत के जेल में बंद ईसाई, हिंदू अउरी सिख कैदियन खातिर सजा अवधि में तीन से छह महीना के छूट देहलें के बात कहल गइल बा। एक वरिष्ठ अधिकारी जानकारी देत बतवलें कि पंजाब सरकार के गृह विभाग  मुख्यमंत्री के ई प्रस्ताव भेजले बा।

पंजाब के जेल सेवा के मुताबिक, पवित्र कुरान के याद करे वाले मुस्लिम कैदियन के सजा के अवधि में छह महीना से दो साल तक ल छूट मिल सकत बा। एह प्रस्ताव के मंजूरी के कैबिनेट के मंजूरी खातिर भेजल जाई। एकरे बाद गृह विभाग हिंदू अउर ईसाई कैदियन के सजा अवधि में कमी संबंधी अधिसूचना जारी करी। उ कहने कि एह कदम से अल्पसंख्यक समुदाय से ताल्लुक रखे वाले कैदी अपने पवित्र धर्म ग्रंथों के अध्ययन करे खातिर प्रेरित होइहें। एक अनुमान के मुताबिक, वर्तमान में पंजाब प्रांत के 34 जेलन में ईसाई, हिंदू अउरी सिख सहित 1,188 अल्पसंख्यक कैदी बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]