[the_ad_group id="30365"]

उत्तराखंड में बस में नाबालिग से रेप! स्टेशन पऽ बदहवास मिलल बच्ची, ड्राइवर-कंडक्टर समेत 6 गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तराखंड में रोडवेज बस में नाबालिग लइकी के संगे दुष्कर्म के मामला सोझा आइल बा। पुलिस एह मामला में बस चालक समेत 6 लोग के गिरफ्तार कऽ लेले बिया। इ घटना दिल्ली से उत्तराखंड जाए वाली बस में भइल। पीड़िता के मेडिकल टेस्ट करावल जाता आ पुलिस मामला के छानबीन में जुटल बिया।

देहरादून : कोलकाता में डॉक्टर के बलात्कार के खिलाफ देश भर में आक्रोश के बीच उत्तराखंड में बस में बइठल लइकी के संगे बलात्कार के मामला सोझा आइल बा। जानकारी के मुताबिक दिल्ली से उत्तराखंड जाए वाली रोडवेज बस में एगो नाबालिग लइकी के संगे दुष्कर्म भइल। मामला में तुरंत कार्रवाई करत पुलिस बस चालक आ कंडक्टर समेत 6 लोग के गिरफ्तार क लेले बिया। पुलिस मामला के छानबीन में जुटल बिया। पीड़िता के मेडिकल टेस्ट करावल जा रहल बा। उऽ उत्तर प्रदेश के मुरादाबाद निवासी हई।

12 अगस्त के रात 12.30 बजे दिल्ली से उत्तराखंड पहुंचली। आईएसबीटी इस्थित सरोजिनी सीडब्ल्यूसी के सुपरवाइजर बतवले कि 13 अगस्त के सबेरे 2 बजे से 2.30 बजे के बीच लईकी के बेहोशी के हालत मिलल रहे। ओकर मानसिक हालत ठीक ना रहे। ओकरा शरीर पs कवनो चोट के निशान ना रहे। आंतरिक चोट बा कि ना एकर जानकारी मेडिकल टेस्ट के बाद होई। उऽ बतवले कि लइकी के कल्याण केन्द्र भेजल गइल बा आ पुलिस मामला के छानबीन करतिया।

मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक एह मामला में एसएसपी के कहनाम बा कि मेडिकल रिपोर्ट के इंतजार बा। बलात्कार के आरोप में बस चालक आ कंडक्टर समेत छह लोग के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा। उनका से पूछताछ हो रहल बा। आधा रात में बलात्कार के घटना सोझा आ रहल बा, जवना के बाद लईकी के मानसिक हालत ठीक नइखे। बता दीं कि खुद उत्तराखंड में हाल ही में अस्पताल से घरे लवटत नर्स के संगे बलात्कार के घटना भइल। ओकरा के लूटपाट के बाद हत्या क दिहल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]