[the_ad_group id="30365"]

गैंगस्टर लॉरेंस बिश्नोई के नाव पs बिहार के मंत्री के दिहल गइल धमकी, पुलिस आरोपी के पकड़लस

गैंगस्टर लॉरेंस बिश्नोई के नाव पs बिहार के मंत्री के धमकी
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार पुलिस उत्तर प्रदेश के आजमगढ़ जिला के एगो आदमी के गिरफ्तार कs लेले बिया, जवन कि गुंडा लॉरेंस बिश्नोई के नाम पs राज्य के श्रम संसाधन मंत्री संतोष कुमार सिंह के धमकी देले रहे। उs मंत्री से 30 लाख रुपया रंगदारी के मांग कईले रहे, पुलिस आरोपी के मोबाइल फोन भी बरामद कईले बिया, जवना के माध्यम से मंत्री के धमकी देवे वाला फोन कईल गईल।

खुद के लॉरेंस बिश्नोई बतवलस
मामला तब सोझा आईल जब मंगल के मंत्री संतोष कुमार सिंह पुलिस शिकायत दर्ज करवले। उs आरोप लगवले कि अपना के गुंडा लॉरेंस बिश्नोई कहे वाला आदमी फोन कs के जान से मारे के धमकी देले। एकरा अलावे उs 30 लाख रुपया रंगदारी के पईसा के मांग भी कईले। घटना के बारे में मंत्री बिहार के पुलिस महानिदेशक के भी जानकारी देले रहले।

आजमगढ़ से पकड़ाइल आरोपी

बिहार पुलिस के ओर से जारी बयान के मुताबिक, “मंत्री से औपचारिक शिकायत मिलला के बाद पुलिस तुरंत टीम बनवलस। तकनीकी सहायता के इस्तेमाल करत पुलिस टीम उत्तर प्रदेश के आजमगढ़ जिला से आरोपी के गिरफ्तार कs लेलस। उनुका लगे से मोबाइल फोन बरामद भईल।” .

हालांकि पुलिस गिरफ्तार आरोपी के नाम सार्वजनिक नईखे कईले।  बिहार पुलिस एs मामला के पूरा तरीका से जांच करतिया अवुरी एकरा से जुड़ल सभ पहलू पs ध्यान दे रहल बिया।  मंत्री संतोष कुमार सिंह एs अपराध के खिलाफ तुरंत कार्रवाई के सराहना करत आरोपी के खिलाफ कड़ा कार्रवाई के मांग कईले बाड़े।

इहो पढ़ीं- Bollywood: घायल सैफ अली खान के 6 जगह वार, 2 जगह गहरा चोट, एह अंग पs घोंपाइल चाकू,अस्पताल से अपडेट

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]