[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: खाद्य आ रसद राज्यमंत्री अपना सोझा तउलववले, 70 किलो कम मिलल गेंहू 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

खाद्य आ रसद राज्यमंत्री सतीश शर्मा बुध के सहजनवां विपणन केंद्र आ क्रय केंद्र के निरीक्षण कइले। राज्यमंत्री के जांच में कोटेदार के भेजल जा रहल अनाज कम मिलल। मंत्री अपना सोझा तौल करववले तs 70 किलो ग्राम अनाज कम रहे। एह पs मंत्री अफसरन से नाराजगी जतवनी। जांच के आदेस देत रिपोर्ट तलब कइले बा। डिप्टी आरएमओ राकेश मोहन पांडेय मार्केटिंग इंस्पेक्टर पवन कुमार सिंह के कारण बताओ नोटिस जारी कइले।

खाद्य आ रसद राज्यमंत्री सतीश शर्मा बुध के सर्किट हाउस में गोरखपुर मंडल के गेहूं खरीद आ राशन वितरण व्यवस्था के समीक्षा कइले। राज्यमंत्री कहले कि गेहूं खरीद में कवनो तरे के दिक्कत ना आवे के चाहीं। किसानन के हर सुविधा के खेयाल राखल जाई। निशुल्क राशन के वितरण सही ढंग से होखे, एकरा के सुनिश्चित कइल जाई। पर्याप्त मात्रा में राशन कोटेदारन के लगे पहुंचल बा। लंबित राशन कार्ड के ममिला के समीक्षा कइल जाव। फर्जी आवेदन पत्र के निरस्त कs के जे पात्र बा, ओकर राशन कार्ड बनाके लाभ दिहल जाव।

बइठक के बाद राज्यमंत्री लखनऊ खातिर रवाना भइले। सहजनवां के भीटी रावत के लगे एगो वाहन पs  सरकारी राशन जात देखले तs गाड़ी के रुकवा के पूछताछ कइले। बतावल गइल कि विपणन गोदाम सहजनवां से भीटी रावत के कोटेदार श्याम नारायण गुप्ता के सस्ता गल्ला के दुकान पs राशन जा रहल बा। मंत्री वाहन के फेर गोदाम पs ले चले के आदेस देले। अनाज गोदाम पs पहुंचला के बाद बोरा के गिनती करवले तs 70 किलो गेहूं कम मिलल। कम अनाज मिलला डिप्टी आरएमओ आ डीएसओ के फटकार लगावत राज्यमंत्री जांच कs के रिपोर्ट देवे के आदेस देले। रिपोर्ट डीएम आ मंडलायुक्त के भेजे के बात कहले।

गोदाम में बड़ कांटा ना मिलल 

राज्यमंत्री गोदाम के निरीक्षण कइले। बोरन के तउले ला बड़ कांटा ना मिलल तs नाराजगी जतवले। छोट कांटा मंगा बोरा के तउलववले। मंत्री गोदाम से अनाज उठान करे आला कोटेदारन के अनाज के जांच कs के रोज कोटा के दुकान के जांच का निरदेस देले। कोटेदारन के कंप्यूटराइज चालान देवे आ रजिस्टर पs दर्ज करावे के आदेस देले। राज्यमंत्री एकरा बाद हाट शाखा प्रथम आ द्वितीय गेहूं क्रय केंद्र के निरीक्षण कइले। छव किसानन के भुगतान ना होखला पs तकनीकी गड़बड़ी के अफसर लो हवाला दिहल। एह दौरान सहजनवां विधायक प्रदीप शुक्ला, डिप्टी आरएमओ राकेश मोहन पांडेय, डीएसओ रामेंद्र कुमार सिंह, एमओ प्रवीण श्रीवास्तव, एमआई पवन कुमार सिंह, पूर्ति निरीक्षक संजीत कुमार, मंडी समिति श्याम सुंदर, दिनेश जायसवाल आदि उपस्थित रहल लो।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]