[the_ad_group id="30365"]

हिजबुल्लाह इजरायल पs दाग दिहलस 50 रॉकेट, कमांडर ‘फुआद शुक्र’ के मारल जाए के लिहलस बदला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

हमास प्रमुख इस्माइल हानिया के हत्या के बाद मध्य पूर्व में तनाव पहिले से अधिका बढ़ गइल बा. इजरायल के एके साथे कई गो मोर्चा पs टकराव के सामना करे के पड़त बा. मध्य पूर्व में बढ़त तनाव के बीच हिजबुल्लाह अतवार के दिने दक्षिणी लेबनान से इजरायल के ओर करीब पचास गो रॉकेट चला दिहलस. ईरान समर्थित समूह हिजबुल्लाह के कहल बा कि उत्तरी इजरायल के बेत हिलेल पs ओकर हमला लेबनान के कफार केला आ डेर सिरियाने पs इजरायल के हमला के जवाब हs.

लेबनान फुआद शुक्र के हत्या के बदला लेत बा

लेबनान दावा कइले रहुवे कि कफार केला आ डेर सिरियाने में इजरायली हमला से ओकर बहुते नागरिक घवाहिल हो गइल बाड़े. मंगल के साँझ इजरायली हवाई हमला में हिजबुल्लाह के शीर्ष कमांडर फुआद शुक्र के मउत भी हो गइल.

हिजबुल्लाह 50 गो रॉकेट दगलस

इजरायल वार रूम एह हवाई हमला के वीडियो सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पs पोस्ट कईले बा। एह वीडियो के साथे इहो लिखल गइल बा कि उत्तरी इजरायल में रॉकेट हमला के आयरन डोम रोक दिहले बा. इहे उहे हवाई हमला हs जवन कि वीडियो में देखल गईल बा, जवन लेबनान के हिजबुल्लाह के ओर से कईल गईल बा। इजरायल आयरन डोम से एह हवाई हमला के रोक रहल बा.

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]