[the_ad_group id="30365"]

IPL 1000th Match: जायसवाल के शतक पs टिम डेविड के 3 छक्का पड़ल भारी, ऐतिहासिक मुकाबला में 6 विकेट से जीतल मुंबई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

MI vs RR Match IPL, 1000th Match: आईपीएल 2023 के 42वां मुकाबला मुंबई इंडियंस आ राजस्थान रॉयल्स (MI vs RR) के बीच वानखेडे क्रिकेट स्टेडियम में खेलल गइल। आईपीएल इतिहास के 1000वां मैच में मुंबई राजस्थान के 6 विकेट से हरवलस। टिम डेविड तीन गेना पs लगातार तीन सिक्स लगाके रोहित के बर्थडे गिफ्ट देलें।

राजस्थान के 212 रन के लक्ष्य के पीछा करत मुंबई के सुरुआत खराब रहल। दूसरा ओवर में संदीप शर्मा रोहित शर्मा के क्लीन बोल्ड कs के पहिला झटका देलें। एकरा बाद कैमरून ग्रीन आ ईशान किशन मोर्चा संभारल लो। अश्विन दुनो के आउट कs के मैच में रोमांच ले आ देलें।

 

 

Tim David राजस्थान से छीनलें जीत

एकरा बाद मुंबई खातिर सूर्या चमकलें। सूर्या 24 गेना पs तूफानी अर्धशतक जड़लें। 55 के निजी स्कोर पs ऊ ट्रेंट बोल्ट के शिकार बनलें। सूर्या के आउट होखतही राजस्थान मैच में वापस आ गइल रहे, बाकिर टिम डेविड 14 गेना पs नाबाद 45 रन बनावत राजस्थान के जबड़ा से जीत छीन लेलें। राजस्थान खातिर अश्विन ने 2 विकेट लेलें। मुंबई 4 विकेट के नुकसान पs 214 रन बनाके 3 गेना शेष रहते मैच जीत लेलस।

Yashasvi Jaiswal जड़लें शतक

एकरा पहिले टॉस जीतके राजस्थान खातिर ओपनिंग करे आइल यशस्वी जायसवाल आ बटलर तेज सुरुआत कइल लो। जायसवाल आ बटलर के बीच पहिला विकेट खातिर 72 रन के साझेदारी भइल। एमे जायसवाल के 41 रन आ बटलर 18 रन के योगदान दिहल लो।

 


बटलर के आउट होखला के बाद एक छोर से विकेट गिरत रहल। ओहिजा, दूसरका छोर से यशस्वी जायसवाल रन बनावत रहलें। 18वां ओवर में दु गो लगातार चौका लगाके जायसवाल आपन शतक पूरा कइलें। जायसवाल आखिरी ओवर में 124 रन बनाके आउट भइलें। यशस्वी अपना पारी में 62 गेना खेलले आ 16 चौला आ 8 शानदार छक्का लगवलें। मुंबई के तरफ से अरशद  तीन विकेट लेलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]