[the_ad_group id="30365"]

मेक्सिको में बंदूकधारी कुल बरसवले अंधाधुंध गोली, 8 लोगन के मउत

Mexico
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर मध्य मैक्सिको में सड़क के किनारे एगो दुकान के लगे बंदूकधारी ग्राहकन आ राहगीरन पs गोलीबारी कइला से आठ लोग के मउत हो गइल आ दू लोग घवाहिल हो गइल. अधिकारी एs घटना के बारे में जानकारी देले बाड़े। गोलीबारी अपेसियो एल ग्रांडे शहर में भइल बा. एह प्रांत में गिरोह के बीच गोलीबारी के घटना सामने आवत रहेला। गोलीबारी में एगो आदमी अवुरी एगो महिला भी घाही हो गईल लोग। घायल लोग के हालत के बारे में फिलहाल कवनो जानकारी उपलब्ध नईखे। 

एगो स्वास्थ्यकर्मी के मउत हो गईल
स्थानीय मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक फायरिंग में एगो स्वास्थ्यकर्मी के भी मउत हो गईल बा। हालांकि मीडिया एह बात के पुष्टि नइखे कइले कि स्वास्थ्यकर्मी एह हमला में मरे वालन में से एगो हs कि ना. सोशल मीडिया पs फैलल एगो वीडियो में दोकान के बहरी खड़ा मोटरसाइकिल के बीच माथा पs चोट के निशान वाला आदमी के शव देखाई देता। 

इहो पढ़ीं: कराची से लेके लाहौर ले, पाकिस्तान में बहुते स्लो भइल इंटरनेट; जानीं का बा वजह

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]