[the_ad_group id="30365"]

फेर से Melodi मोमेंट, पीएम मोदी के साथे मेलोनी लेली सेल्फी; देखीं उऽ 8 गो तस्वीर जवन इंटरनेट पऽ छा गइल बा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Melodi moment again इटली में संपन्न भइल जी7 शिखर सम्मेलन के दौरान एक बार फेर से मेलोडी मोमेंट देखे के मिलल। इटली के प्रधानमंत्री जॉर्जिया मेलोनी पीएम नरेंद्र मोदी के साथे सेल्फी लेली। देखते देखते ई सेल्फी इंटरनेट मीडिया पs वायरल हो गइल बा । बता दी कि मेलोनी के निमंत्रण पऽ प्रधानमंत्री मोदी जी7 शिखर सम्मेलन में हिस्सा लेवे इटली पहुंचल रहलें।

इटली के प्रधानमंत्री जॉर्जिया मेलोनी शुक के जी7 शिखर सम्मेलन के दौरान प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के साथ एगो सेल्फी लेली। फोटो में दुनु नेता मुस्कुरात नजर आ रहल बाड़े। उहे इंटरनेट पs ई सेल्फी चर्चा के केंद्र बनल बा।

ओने, इंटरनेट मीडिया पs दुनु नेता लो से जुड़ल मीम्स के बाढ़ आ गइल बा। मेलोनी प्रधानमंत्री मोदी के लगातार तीसरका कार्यकाल खातिर बधाईयो देली। मेलोनी अपना आधिकारिक एक्स अकाउंट पs पीएम मोदी के साथे एक वीडियो भी साझा कइले बाड़ी।

कहां से शुरू भइल हैशटैग मेलोडी?

2023 में दुबई में भइल सीओपी 28 के दौरान मेलोनी प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के साथे एगो सेल्फी लेले रही। ओकर कैप्शन हैशटैग मेलोडी के साथे ‘COP 28 में अच्छे दोस्त’ लिखले रही। एकरा बाद से हैशटैग मेलोडी कैप्शन के साथ लोग खूब मीम्स साझा कइलस।

दुनु नेता लो के बीच भइल द्विपक्षीय बैठक

जी-7 शिखर सम्मेलन के दौरान प्रधानमंत्री मोदी जॉर्जिया मेलोनी के साथे द्विपक्षीय बैठको कइलें। दुनु देशन के बीच रक्षा आ सुरक्षा सहयोग पs चर्चा भइल।

विदेश मंत्रालय एगो आधिकारिक कहले कि दुनु पक्ष  द्विपक्षीय रक्षा आ सुरक्षा सहयोग पs चर्चा कइलस आ रक्षा औद्योगिक सहयोग के आउर बढ़ावे के उम्मीद जतवलस। उऽ एह साल के आखिरी में इटली के विमानवाहक पोत आईटीएस कैवूर आ प्रशिक्षण जहाज आईटीएस वेस्पुची के भारत यात्रा के स्वागत कइले।

का कहले पीएम मोदी ?

इटली के प्रधानमंत्री मेलोनी के निमंत्रण पs पीएम मोदी जी7 शिखर सम्मेलन में हिस्सा लेवे पहुंचल रहलें। प्रधानमंत्री मोदी एक्स पs लिखले कि भारत के जी7 शिखर सम्मेलन के हिस्सा बने खातिर आमंत्रित करे आ शानदार व्यवस्था खातिर धन्यवाद।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]