[the_ad_group id="30365"]

पाकिस्तान से विवाद के बीच बड़ खबर, पीएम मोदी से मिलले रक्षा सचिव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पाकिस्तान आ भारत के बीच के तनाव के लेके पीएम मोदी लगातार बैठक कर रहल बाड़े। ओने आजु से पीएम मोदी आ रक्षा सचिव राजेश कुमार के मुलाकात शुरू हो गइल बा. एकरा से पहिले अतवार के पीएम मोदी एयर चीफ मार्शल अमर प्रीत सिंह से मुलाकात कईले। दुनो लोग के मुलाकात करीब 40 मिनट तक चलल। दुनों के बीच सुरक्षा अवुरी रक्षा के तैयारी के लेके चर्चा भईल। ए दौरान एयर चीफ मार्शल एपी सिंह प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी से पहलगाम आतंकी हमला के पृष्ठभूमि में भारत अवुरी पाकिस्तान के बीच बढ़त तनाव के बारे में चर्चा कईले। 

उमर अब्दुल्ला से भी उनुकर मुलाकात भईल

एकरा संगे पीएम मोदी जम्मू-कश्मीर के सीएम उमर अब्दुल्ला से भी मुलाकात कईले। दुनो नेता के बीच करीब 25 मिनट तक भईल मुलाकात। एह बइठक में आतंकवाद के खतम करे के लेके एगो महत्वपूर्ण चर्चा भईल| बता दीं कि 22 अप्रैल के पहलगाम घाटी में आतंकवादी पर्यटकन पर हमला कइले रहले जवना में 26 लोग के मौत हो गइल रहे. ओकरा बाद से जम्मू-कश्मीर के पर्यटन पs बहुते असर पड़ल बा. पहलगाम आतंकी हमला के बाद सेना आतंकी के खिलाफ बड़ पैमाना पs तलाशी अभियान शुरू कईलस।

इहो पढ़ीं: ऊनी कपड़ा के धोए खातीर अपनाई इs ट्रिक्स, लंबा समय ले नया जइसन रही

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]