[the_ad_group id="30365"]

मशरक: नव निर्मित सूर्य मंदिर में प्राण प्रतिष्ठा आ महायज्ञ खातिर बइठक आयोजित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रितम सिंह, खबर भोजपुरी: सारण जिला के मशरक थाना क्षेत्र के चैनपुर गांव में नव निर्मित सूर्य मंदिर में प्राण प्रतिष्ठा आ 5 दिन के महायज्ञ खातिर बइठक बियफे के मंदिर परिसर में आयोजित कइल गइल। बइठक के अध्यक्षता चन्द्रकेत सिंह कइलें।

मवका प मुखिया प्रतिनिधि चन्द्रशेखर सिंह, गुड्डू सिंह, भरत सिंह, श्री राम सिंह, कुंदन सिंह, पवन सिंह, नन्द किशोर सिंह, दिनेश सिंह, निरंजन सिंह समेत अन्य ग्रामीण मौजूद रहे। बइठक में सूर्य मंदिर के निर्माण के काम पूरा होखला प मंदिर में प्राण प्रतिष्ठा के बइठक आयोजित कइल गइल। जेमे सर्वसम्मति से प्राण प्रतिष्ठा के संगे 5 दिवसीय महायज्ञ करवलो प चर्चा क के सभे के सहमति बनल।

बइठक में ग्रामीण दिनेश सिंह कहलें कि चैनपुर गांव में ग्रामीणन आ अगल-बगल के लोगन के मदद से विशाल सूर्य मंदिर के निर्माण पोखरा के बीचों-बीच कइल गइल बा जवन पुरा हो चुकल बा। मंदिर में पूजा-अर्चना सुरु करे खातिर प्राण प्रतिष्ठा आ 5 दिवसीय महायज्ञ खातिर सर्वसम्मति से 15 जनवरी 2023 के सहमति बनल बा। प्राण प्रतिष्ठा आ महायज्ञ में प्रसिद्ध संत लोगन के प्रवचन कार्यक्रम आयोजित कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]