Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Nikay Chunav: मायावती बोलली, निकाय चुनाव में जनता के बीच रहे वाला बनी प्रत्याशी, पूरा तइयारी करे के कहली 

यूपी में निकाय चुनाव खातिर सब दल तइयारी सुरू कs देले बाड़ी सs। मायावती अतवार के पार्टी पदाधिकारियन के बैठक बोलवली आ ओह लोगन से चुनाव के तइयारियन में जुट जाये के आह्वान कइली

1,371

बसपा सुप्रीमो मायावती अतवार के लखनऊ के प्रदेश मुख्यालय पs आयोजित पार्टी पदाधिकारियन के बैठक में कार्यकर्ता लोगन से पूरा क्षमता से निकाय चुनाव के तइयारियन में जुट जाये के आह्वान कइली। ऊ कहली कि निकाय चुनाव में जनता के बीच रहे वाला कार्यकर्ता लोगन के उम्मीदवार बनावल जाई।

ऊ आगे कहली कि निकाय चुनाव में सभे के मजबूती से जुट जाये के बा। लोग एह समय महंगाई, गरीबी, बेरोजगारी आ बदहाल कानून व्यवस्था से त्रस्त बा। भाजपा एह सब मुद्दन पs फेल हो गइल बिया। स्मार्ट सिटी खाली कागजन में बा। महंगाई आ गरीबी के कारण जनता के हालत खराब बा।

ऊ कहली कि निकाय चुनाव में उम्मीदवारन के चयन सोच-समझके कइल जाई। ओहि लोगन के प्राथमिकता दिहल जाई जे अपना क्षेत्र के लोगन के बीच में रहेला आ ओह लोगन के कल्याण आउर विकास में रुचि रखेला।स

एह दौरान ऊ समाजवादी पार्टियो पs हमलावर रहली आ कहली कि चुनाव आवतही सपा के दलितन के प्रति प्रेम बढ़ जाला बाकिर दलित समाज कबो सपा के संगे जाये वाला नइखे।

500360cookie-checkNikay Chunav: मायावती बोलली, निकाय चुनाव में जनता के बीच रहे वाला बनी प्रत्याशी, पूरा तइयारी करे के कहली 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.