[the_ad_group id="30365"]

Nikay Chunav: मायावती बोलली, निकाय चुनाव में जनता के बीच रहे वाला बनी प्रत्याशी, पूरा तइयारी करे के कहली 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बसपा सुप्रीमो मायावती अतवार के लखनऊ के प्रदेश मुख्यालय पs आयोजित पार्टी पदाधिकारियन के बैठक में कार्यकर्ता लोगन से पूरा क्षमता से निकाय चुनाव के तइयारियन में जुट जाये के आह्वान कइली। ऊ कहली कि निकाय चुनाव में जनता के बीच रहे वाला कार्यकर्ता लोगन के उम्मीदवार बनावल जाई।

ऊ आगे कहली कि निकाय चुनाव में सभे के मजबूती से जुट जाये के बा। लोग एह समय महंगाई, गरीबी, बेरोजगारी आ बदहाल कानून व्यवस्था से त्रस्त बा। भाजपा एह सब मुद्दन पs फेल हो गइल बिया। स्मार्ट सिटी खाली कागजन में बा। महंगाई आ गरीबी के कारण जनता के हालत खराब बा।

ऊ कहली कि निकाय चुनाव में उम्मीदवारन के चयन सोच-समझके कइल जाई। ओहि लोगन के प्राथमिकता दिहल जाई जे अपना क्षेत्र के लोगन के बीच में रहेला आ ओह लोगन के कल्याण आउर विकास में रुचि रखेला।स

एह दौरान ऊ समाजवादी पार्टियो पs हमलावर रहली आ कहली कि चुनाव आवतही सपा के दलितन के प्रति प्रेम बढ़ जाला बाकिर दलित समाज कबो सपा के संगे जाये वाला नइखे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]