[the_ad_group id="30365"]

Mauni Amavasya 2024: मौनी अमावस्या पs बन रहल बा शुभ संजोग, स्नान-दान कइला से मिली कई गुना अधिक फल, पितरन से मिलेला आशीर्वाद।

मौनी अमावस्या 2024
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मौनी अमावस्या के दिन सर्वार्थ सिद्धि के शुभ संजोग बन रहल बा। कहल जाला कि इ योग में कइल गइल काज में अपार सफलता मिलेला। सर्वार्थ सिद्धि योग में पूजा कइला से जातकन के कई गुना अधिक लाभ मिलेला। मौनी अमावस्या के दिन इ शुभ सनजोग 9 फरवरी 2024 के भोर 7 बज के 5 मिनट से बेर रात 11 बज के 29 मिनट तक रही।

मौनी अमावस्या के महत्व

एह दिनेकवनो पवितर नदी में स्नान जरूर करे के चाही। जदि रउवा कवनो तीर्थ स्थल पs जाए में असमर्थ बानी तऽ आज घरे पs ही पानी में त्रिवेणी चाहे गंगाजल मिला के स्नान कई के पुन के भागि हो सकत बानी। पितर के तिरिपती करे ला नदी चाहे घरे में स्नान कइके सूरूज के अर्घ्य देकर पितरन के तर्पण करी। एकरे बाद कवनो गरीब चाहे ब्राह्मण के भोजन कराईं। संगे कवनो जरूरतमंद चाहे गरीब के दान करी। गरुड़ पुराण में कहल गइल बा की अमावस्या के दिन पितर आपन वंशज से मिले आवेले। मान्यता बा कि एह दिन बरत कई के पवितर नदी में स्नान, दान व पितरन के भोजन अर्पित कइला से उऽ प्रसन्न होखे ले आ आपन आशीर्वाद देवे ले।

(Disclaimer: इहवां देवलऽ गइलऽ जानकारि धार्मिक आस्था आ लोक मान्यता पs आधारित बा। एकर कवनो वैज्ञानिक प्रमाण नइखे। खबर भोजपुरी एको बात के सत्यता के प्रमान नइखे देत।)

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]