IND vs ENG: हैदराबाद में Team India गेना के बाद अब बैट से मचवलस कोहराम, दुगो बैटर्स अर्धशतक जड़ल लो, भारत मैच में कसलस शिकंजा

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 26, 2024

Ind vs Eng 1st Test : हैदराबाद में भारत आ इंग्लैंड के बीच सीरीज के पहिला मैच खेलल जा रहल बा। स्टंप्स तक भारत के स्कोर 421 रन पs 7 विकेट बा। भारत पहिला पारी

Share

Ind vs Eng 1st Test : हैदराबाद में भारत आ इंग्लैंड के बीच सीरीज के पहिला मैच खेलल जा रहल बा। स्टंप्स तक भारत के स्कोर 421 रन पs 7 विकेट बा। भारत पहिला पारी में 175 रन के बढ़त हासिल कs लेले बा। भारत खातिर दूसरका दिन के सुरुआत अच्छा ना रहल।

दिन के सुरुआत रहल खराब

यशस्वी पहिला ओवर के चउथा गेना पs 80 रन बनाके रूट के हाथे आपन विकेट गंवा बइठलें। एकरा बाद शुभमन गिल आ जडेजा पारी के आगे बढ़ावल लो, बाकिर गिलो जल्दिये आपन विकेट गंवा बइठलें। हार्टली डकेट के हाथन कैच करवाके पवेलियन चलता कइलें।

तीन बल्लेबाज 80 से जादे रन स्कोर कइल

अइसन में केएल राहुल के संगे श्रेयस अय्यर अर्धशतकीय साझेदारी कइलें। श्रेयस अय्यर के आउट होखला के बाद केएल राहुल जडेजा के संगे मिलके एक बेर फेर पंचवां विकेट खातिर 65 रन के साझेदारी कइलें। श्रेयस के रेहान अहमद हार्टली के हाथन कैच कराके पवेलियन के राह देखवलें

पांच गो अर्धशतकीय साझेदारी भइल

केएल राहुल हार्टली के गेना पs 86 रन बनाके पवेलियन लवट गइलें। एकरा बाद जडेजा आपन अर्धशतक पूरा कइलें। जडेजा पहिला दिन गेना से तीन विकेट चटकवलें आ इंग्लैंड के बैकफुट पs धकेललें। अब जडेजा एक बेर फेर केएस भारत के संगे छठा विकेट खातिर 68 रन के साझेदारी कइलें।

अश्विन भइलें रन-आउट

एकरा बाद अश्विन एक रन बनाके रन-आउट हो गइलें। जडेजा एक बेर फेर अक्षर पटेल के संगे मिलके पारी के आगे बढ़वलें। गुजरात के बल्लेबाज तीसरको दिन भारत के बड़ बढ़त दिलावे के कोसिस करी लो। दुनो अठवां विकेट खातिर 63 रन के नाबाद साझेदारी कइल लो।

इंग्लैंड कावर से टॉम हार्टली आ जो रूट 2-2 विकेट अपना नावे कइल लो। एकरा अलावे जैक लीच आ रेहान अहमद 1-1 विकेट लिहल लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.