[the_ad_group id="30365"]

गुजरात: रिलायंस मॉल में लागल भीषण आग, परिसर में फइलल लपट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गुजरात के जामनगर के मोती खावड़ी इलाका के रिलायंस मॉल में बीयफ़ें के सबेरे भारी आग लाग गईल। आग के लपट पूरा परिसर में फैल गईल। एa घटना में केहु के घाही नईखे भईल। आग पर काबू पावे खातिर फायर इंजन मउका पs पहुंच गईल बाड़े। जामनगर जिला के अधिकारी अवुरी दमकल विभाग के संगे आरआईएल के फायर इंजन मउका पs पहुंच गईले अवुरी आग पs काबू पा लिहल जाता। अबे ले आग लागे के कारण के खुलासा नईखे भईल, एकर कारण के जाँच कईल जाई।

एही बीच बीयफ़ें के सबेरे बाहरी दिल्ली के मंगोलपुरी इलाका में कपड़ा बाजार में आग लाग गईल। अधिकारी बतवले कि एs घटना में कवनों के जानमाल के नुकसान नईखे भईल। दिल्ली फायर सर्विस (डीएफएस) के एगो अधिकारी बतवले कि मंगोलपुरी के ‘कतरन मार्केट’ में आग लागे के सूचना सबेरे 3.24 बजे मिलल अवुरी आग बुझावे खातीर चार फायर टेंडर लगावल गईल। अधिकारी बतवले कि करीब दु घंटा में आग पs काबू पा लिहल गइल। अधिकारी बतवले कि आग में कुछ दोकान के बहुत नुकसान भईल बा अवुरी एs घटना के पीछे ‘शॉर्ट सर्किट’ के आशंका बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]