[the_ad_group id="30365"]

जम्मू कश्मीर: कठुआ में एगो घर में लागल भीषण आग, जरके मर गइले सुतत 6 गो लोग, तीन बेहोश

कठुआ में एगो बड़ दुर्घटना
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जम्मू कश्मीर के कठुआ में एगो बड़ दुर्घटना के खबर बा।  मंगल के देर रात कठुआ के शिवनगर इलाका में एगो रिटायर्ड डीएसपी के घर में संदिग्ध परिस्थिति में आग लगला से घर के भीतर सुतल 6 लोग के मउत हो गईल।  तीन जने के बचा के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा.  बचाव के दौरान एगो पड़ोसी भी घायल हो गईल।  घाही लोग के हालत खतरा से बाहर बतावल जाता।  जीएमसी कठुआ के प्रिंसिपल सुरिंदर अत्री के मुताबिक, मउत दम घुटला के चलते भईल बा.

मिलल जानकारी के मुताबिक, जवना घर में आग लागल रहे, ओ घर में 9 लोग सुतल रहले, जवना में से 6 लोग मर गइल बा, जबकि आग के चलते तीन लोग बेहोश हो गईले, उनुकर जान बच गईल।  पड़ोसी के भी बेहोश होखे के जानकारी सोझा आईल बा।  बतावल जाता कि शार्ट सर्किट के चलते आग लाग गईल रहे.

इहो पढ़ीं:सबेरे-सबेरे: बइठले-बइठले कंधा में होखे लागेला जकड़न तs कs के देखीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]