जम्मू कश्मीर: कठुआ में एगो घर में लागल भीषण आग, जरके मर गइले सुतत 6 गो लोग, तीन बेहोश

Minee Upadhyay
कठुआ में एगो बड़ दुर्घटना
- Sponsored Ads-

जम्मू कश्मीर के कठुआ में एगो बड़ दुर्घटना के खबर बा।  मंगल के देर रात कठुआ के शिवनगर इलाका में एगो रिटायर्ड डीएसपी के घर में संदिग्ध परिस्थिति में आग लगला से घर के भीतर सुतल 6 लोग के मउत हो गईल।  तीन जने के बचा के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा.  बचाव के दौरान एगो पड़ोसी भी घायल हो गईल।  घाही लोग के हालत खतरा से बाहर बतावल जाता।  जीएमसी कठुआ के प्रिंसिपल सुरिंदर अत्री के मुताबिक, मउत दम घुटला के चलते भईल बा.

मिलल जानकारी के मुताबिक, जवना घर में आग लागल रहे, ओ घर में 9 लोग सुतल रहले, जवना में से 6 लोग मर गइल बा, जबकि आग के चलते तीन लोग बेहोश हो गईले, उनुकर जान बच गईल।  पड़ोसी के भी बेहोश होखे के जानकारी सोझा आईल बा।  बतावल जाता कि शार्ट सर्किट के चलते आग लाग गईल रहे.

- Sponsored Ads-

इहो पढ़ीं:सबेरे-सबेरे: बइठले-बइठले कंधा में होखे लागेला जकड़न तs कs के देखीं इs 3 गो योगासन

- Sponsored Ads-

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।