[the_ad_group id="30365"]

नोएडा के हाईराइज सोसाइटी में AC फटले से लागल भीषण आग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

ऊपरी भारत के विभिन्न राज्यन जइसे कि दिल्ली एनसीआर, यूपी, बिहार आदि के हालत गरमी गरमी के चलते परेशान हो रहल बा।  तपल गरमी के चलते देश के अलग-अलग हिस्सा से लगातार दुर्घटना के खबर निकलता। अयीसन दुर्घटना के दिल दहला देवे वाला वीडियो उत्तर प्रदेश के नोएडा से आईल बा। जानकारी के मुताबिक सेक्टर 100 के एगो ऊँच सोसाइटी के एगो फ्लैट में एसी विस्फोट के चलते भारी आग लाग गईल।

ई आग नोएडा के सेक्टर 100 में स्थित लोटस ब्लूबर्ड सोसाइटी के एगो फ्लैट में लागल बा। जानकारी के मुताबिक एसी में भईल धमाका के चलते पूरा फ्लैट में आग लाग गईल बा।  आग लगला के बाद पास के फ्लैट में रहे वाला लोग आपन फ्लैट छोड़ के जमीन पs आ गईल बाड़े।

लोटस ब्लूबर्ड सोसाइटी के फ्लैट में आग लगला के चलते सभ लोग में डर के माहौल बा। आगि बुझावे खातिर प्रशासन भी तेजी से कार्रवाई कइले बा।  दमकल अधिकारी के मुताबिक आग बुझावे खातीर पांच फायर टेंडर मौका पs भेजल गईल बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]