[the_ad_group id="30365"]

गाजा में भीषण तबाही, संसदीय भवन में घुसले इजरायली सैनिक, 4600 से जादा लइकन आ 3100 से जादा महिला लो के मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

गाजा : इजरायल अवुरी हमास के बीच भयंकर युद्ध चलता। गाजा एकर नतीजा भोग रहल बा। हमास के संचालित स्वास्थ्य मंत्रालय के कहना बा कि गाजा में मरे वालन के गिनिती 4630 लइका आ 3130 मेहरारू हो गइल बा। स्पेक्टेटर इंडेक्स में ई जानकारी दिहल गइल बा।

41 हजार से अधिका संपत्ति तबाह

गाजा स्वास्थ्य मंत्रालय के अधिकारी के कहना बा कि अबले भइल लड़ाई में 41 हजार से अधिका आवासीय संपत्ति आ 71 मस्जिद तबाह हो गइल बा जबकि 253 स्कूलन के नुकसान भइल बा। ई जानकारी द स्पेक्टेटर इंडेक्स के हवाला से भी सामने आइल बा।

गाजा के संसद भवन में इजरायली सैनिक घुस गइले

द स्पेक्टेटर इंडेक्स के मुताबिक गाजा के संसद भवन में इजरायली सैनिक घुस गईल बाड़े। आईडीएफ के प्रवक्ता वीडियो दौरा में बतवले कि रान्तिसी चिल्ड्रेन हॉस्पिटल के तहखाना में हमास के एगो कमांड एंड कंट्रोल सेंटर, आत्मघाती जैकेट, ग्रेनेड, एके-47 असॉल्ट राइफल, विस्फोटक उपकरण, आरपीजी अवुरी बाकी हथियार मिलल बा।

कुछ समय पहिले लेबनान से मलकिया इलाका में सीमा के लगे आईडीएफ के एगो चौकी के ओर कई गो प्रक्षेपणन के पता चलल रहे। एगो लॉन्च के वायु रक्षा लड़ाकू विमान रोक लिहले आ बाकी खुला इलाका में गिर गइल।

एकरा अलावे काल्हु साँझ लेबनान में हिजबुल्लाह संगठन के आतंकी बुनियादी ढांचा पs युद्ध विमान हमला कs दिहलस। जवन इजरायली इलाका में पहिले गोलाबारी के जवाब में भइल। हमला के दौरान कई गो सैन्य मुख्यालय के तबाह कs दिहल गईल, जहां संगठन के आतंकी सक्रिय रहले।

 

 

 

 

TAGS:, ,

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]