मारुति 2023 में रिकॉर्ड 20 लाख प्लस कार बेचलस: बजाज के सेल्स में 16% के उछाल, महिंद्रा-एंड-महिंद्रा के बिक्री बढ़ल

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 2, 2024

भारत के कइयन गो ऑटोमेकर्स दिसंबर 2023 के सेल्स के आंकड़ा जारी कइले बा लो। एकरा मे मारुति सुजुकी इंडिया एक महीना में टोटल 1,37,551 गाड़ियन के बेचलस। ई एक साल पहिले माने दिसंबर 2022

Share

भारत के कइयन गो ऑटोमेकर्स दिसंबर 2023 के सेल्स के आंकड़ा जारी कइले बा लो। एकरा मे मारुति सुजुकी इंडिया एक महीना में टोटल 1,37,551 गाड़ियन के बेचलस। ई एक साल पहिले माने दिसंबर 2022 के तुलना में 1.28% कम बा। तब कंपनी 1,39,347 गाड़ियन के बेचले रहे।

मारुति सुजुकी पहिला बेर कवनो कैलेंडर वर्ष (1 जनवरी 2023 से 31 दिसंबर 2023 तक) में 20 लाख से ढेर गाड़ियन के सेल क‌इलस। एकरा अलावे कंपनी 2,69,046 यूनिट व्हीकल्स बहरी भेजके कवनो एक कैलेंडर ईयर में सबसे जादे एक्सपोर्ट के रिकॉर्ड बनवले बिया।

एकरा अलावे, बजाज, हुंडई आ महिंद्रा एंड महिंद्रा पिछिला साल के दिसंबर के सेल्स आंकड़ा जारी क‌इले बा। दिसंबर में बजाज 3,26,806 गाड़ियन बेचलस। सालाना आधार पs एमे 16% के बढ़ोतरी भ‌इल। ओहिजा हुंडई आ महिंद्रा एंड महिंद्रा 60,211 आ 35,171 गाड़ियन के सेल क‌इलस।

मारुति सुजुकी के डोमेस्टिक सेल में 5.86% गिरावट

ओहिजा देश के सबसे बड़ कार कंपनी के बात कइल जाव तs, पैसेंजर व्हीकल्स, कॉमर्शियल व्हीकल्स आ थर्ड पार्टी सप्लाई के मिलाकर टोटल डोमेस्टिक सेल दिसंबर 2023 में 1,10,667 रहल। दिसंबर 2022 में कंपनी ई सेगमेंट्स में 1,17,551 गाड़ियन के बेचलस। कंपनी के डोमेस्टिक सेल में सालाना आधार पs 5.86% के गिरावट रहल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.