[the_ad_group id="30365"]

शादी करऽ ना तऽ… महिला सिपाही के मिल रहल धमकी, ब्लॉक कइलस 87 नंबर, ओकरा बादो ना मानल सिरफिरा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के राजधानी से एगो अजीब मामला सोझा आइल बा। कई महीना से एगो युवक लगातार फोन कऽ के पुलिस महिला के परेशान करत बा। युवक के हरकत से तंग आ गइल महिला सिपाही 87 मोबाइल नंबर के ब्लॉक कऽ देलस। बाकिर तबहियों उऽ ना मानल। तंग आके पीड़िता महिला थाना में आरोपी के खिलाफ मामला दर्ज करवले बिया।

हंडीया के एगो युवक प्रयागराज कई महीना से लगातार फोन क के एगो महिला सिपाही पs बियाह खातिर दबाव बनावत बाड़े। उ फोटो के एडिट कऽ के इंटरनेट मीडिया पs प्रसारित क के विरोध प्रदर्शन के बदनाम करे के धमकी दे तारे।

अलग-अलग नंबर से फोन आवेला। युवक के हरकत से तंग आ गइल महिला सिपाही 87 मोबाइल नंबर के ब्लॉक क देलस।

आरोपी प्रयागराज हंदीया निवासी हऽ

निरीक्षक महिला थाना के मुताबिक पीड़ित युवक प्रयागराज हंडीया निवासी आयुष्मान पाण्डेय बतवली। कई महीना से लगातार फोन कऽ के हमरा के परेशान करत बाड़े। अभद्र मैसेज बा।

कई बेर आयुष्मान के फोन अईला पs उ थाना में तैनात सिपाही आ भाई के दे देली। उऽ लोग निर्देश देले रहले कि फोन मत करस। तबो व्यवहार में सुधार ना भइल। ऊ बदनाम करे के धमकी देत बा। कबो-कबो उऽ नौकरी से निकाले के धमकी देवेला। पुलिस के मुताविक आरोपी के खिलाफ मामला दर्ज कऽ के जांच कइल जाता।

थाना पहुंच के हंगामा मचवले रहे

पीड़िता के मुताबिक आयुष्मान जुलाई में 2 लाख रुपया के मांग कइले रहले। विरोध के बाद थाना पहुंचल। उहाँ हंगामा मचवलस। एकरा बाद उ फोटो के सरकुलर करे के धमकी देत भाग गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]