[the_ad_group id="30365"]

महाराष्ट्र में मराठा आरक्षण आंदोलन खतम भइल: सरकार मनोज जरांगे के अध्यादेश के ड्राफ्ट भेजले रहे ; पढ़के बोललें- हमनी मांग मानल गइल 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महाराष्ट्र के एकनाथ शिंदे सरकार मराठा आरक्षण के मुद्दा पs आंदोलनकारियन के मांगन के मान लेले बिया। मराठा आंदोलन के नेता मनोज जरांगे पाटिल सुक (26 जनवरी) के देर रात कहलें कि ‘मुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे बढ़िया काम कइलें बाड़ें है। हमनी के अपील मान लिहल गइल बा। हमनी  के विरोध अब खतम भइल। हम सनीचर (27 जनवरी) के सीएम के हाथे जूस पियेम।’

दरअसल, सुक के जरांगे शिंदे सरकार के सनीचर के सबेरे 11 बजे तक के अल्टीमेटम देले रहस। ऊ कहले रहस- जदि 11 बजे तक आरक्षण के अध्यादेश जारी ना कइल गइल, तs ऊ 12 बजे मुंबई के आजाद मैदान पहुंचके आंदोलन करिहें। एकरा बाद शिंदे सरकार देर रात अध्यादेश के ड्राफ्ट जरांगे के लगे भेजलस। एमे जरांगे के मांगन के जिकिर बा।

CM शिंदे आ जरांगे के बीच फोन पs भइल बतकही 

मनोज मराठा आरक्षण के मांग के लेके 20 जनवरी के जालना से मुंबई तक खातिर पदयात्रा सुरू कइले रहस। 26 जनवरी के जरांगे आ लाखन के संख्या में उनकर समर्थक नवी मुंबई के वाशी पहुंचल लो। जरांगे मुंबई के आजाद मैदान में भूख हड़ताल करे के चेतावनी देले रहस।

एह बीच महाराष्ट्र सरकार के अधिकारियन के टीम रात करीब 10 बजे वाशी पहुंचल आ जरांगे से मुलाकात कइलस। ऊ CM एकनाथ शिंदे से जरांगे के फोन पs बातचीत करावल। एकरा बाद जरांगे कहलें कि राज्य सरकार उनका के कुछ जरूरी दस्तावेज सउपले बाड़ें।

जरांगे बतवलें कि ऊ सनीचर के वाशी के शिवाजी चौक में सभा करिहें। इहवें पs सीएम शिंदे उनकर भूख हड़ताल खत्म करइहें। जरांगे राज्य के मराठन के कुनबी समाज में तत्काल सामिल करावे के मांग करत रहलें। एसे पूरा कम्युनिटी OBC (अन्य पिछड़ा वर्ग) के श्रेणी में आ जाई आ आरक्षण के लाभ ले सकी।

साभार : दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]