Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर विश्वविद्यालय के कुलपति के दउर में दु दर्जन ‘कुलपति’, आवेदकन के संख्या 350

गोरखपुर विश्वविद्यालय के वर्तमान कुलपति के कार्यकाल महीना भर से कम रह गइल बा। ओहिजा नया कुलपति के चयन के लेके राजभवन में प्रक्रिया सुरू हो चुकल बा। एने दु दर्जन कुलपति लोग मवका पावे खातिर दावेदारी कइले बा लो। हैरान करे वाली बात तs ई बा कि नया कुलपति खातिर आवेदकन के संख्या 350 हो गइल बा।

3,074

गोरखपुर: दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के नया कुलपति मिले खातिर दिनन के उल्टी गिनती सुरू हो गइल बा। राजभवन में कुलपति के चयन के लेके प्रक्रिया सुरू हो चुकल बा। एह पद खातिर देस भर से आइल आवेदनन के छांटल जाये के पहिला चरण पूरा हो गइल बा। दूसरका चरण पs काम चल रहल बा। जानके आश्चर्य होई कि आवेदकन के संख्या सौ-सवा सौ ना, बलुक करीब 350 बा। एमे 20 अइसन आवेदक सामिल बा लो, जे वर्तमान में कवनो ना कवनो विश्वविद्यालय में कुलपति के जिम्मेदारी संभार रहल बा लो। सूत्रन के मानीं तs एमे वर्तमान कुलपति प्रो. राजेश सिंह सामिल बाड़ें। एकरा अलावे कइयन गो पूर्व कुलपति एक बेर फेर कुलपति पद के दावेदारी कइले बा लो।

पांच सितंबर के समाप्त हो रहल बा वर्तमान कुलपति के कार्यकाल

वर्तमान कुलपति के कार्यकाल पांच सितंबर के समाप्त हो रहल बा। महीनो भर से कम समय होखला के चलते परिसर में नया कुलपति के लेके चरचा चरम पs बा। कयासबाजियो खूब हो रहल बा। ई अइसही नइखे, कहीं ना कहीं एकरा पीछे के वजह कुलपति के चयन के लेके राजभवन के सक्रियतो बा। राजभवन के ओर से आमंत्रित कइल गइल आवेदन में से पहिला चरण में 350 में से 90 आवेदन छांट लिहल गइल बा। दूसरका चरण में एमे से 15 आवेदन छांटल जाये के प्रक्रिया सुरू हो गइल बा। राजभवन द्वारा नामित तीन सदस्यीय कमेटी दूसरका चरण में छांटल गइल सब 15 आवेदकन के साक्षात्कार लेके एमे से पांच सर्वश्रेष्ठ आवेदकन के चयन करी आ ओह नामन के कुलाधिपति के भेजी। कुलाधिपति साक्षात्कार लेके कवनो एगो नाम पs मुहर लगइहें। मानल जा रहल बा कि वर्तमान कुलपति के कार्यकाल पूरा होखे से पहिले नया कुलपति के नाम के घोषणा हो जाई।

गोरखपुर विश्वविद्यालय के दर्जन भर प्रोफेसर कइले बा लो दावेदारी

अइसे तs एह बात के उम्मीद बहुते कम बा कि विश्वविद्यालय के कवनो शिक्षक के इहां के कुलपति बनावल जाव, बावजूद एकरा दर्जन भर से जादे प्रोफेसर आवेदन कइले बा लो। चूंकि आवेदन खातिर बतौर प्रोफेसर कवनो अवधि राजभवन के ओर से निर्धारित नइखे, एहिसे आवेदनकर्ता के सूची में जूनियर से लेके सीनियर प्रोफेसर तक सामिल बा लो।

लखनऊ, प्रयागराज आ वाराणसी के सबसे जादे आवेदक

गोरखपुर विश्वविद्यालय में कुलपति बने खातिर सर्वाधिक रुचि लखनऊ, प्रयागराज, कानपुर आ वाराणसी के प्रोफेसर देखवले बा लो। सूत्रन के मानीं तs आवेदकन में सर्वाधिक संख्या एही जिला के विश्वविद्यालयन के प्रोफेसर के बा। 50 के करीब आवेदक प्रदेश के बाहर के बा लो। ई सब उत्तर प्रदेश से सटल प्रदेशन के बा।

साभार: दैनिक जागरण

620720cookie-checkगोरखपुर विश्वविद्यालय के कुलपति के दउर में दु दर्जन ‘कुलपति’, आवेदकन के संख्या 350

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.