Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

छपरा से होके चले वाली कइयन गो ट्रेन प्रभावित: 27 मई के छपरा-गोरखपुर स्पेशल समेत कइयन ट्रेन शॉर्ट टर्मिनेट, देखीं लिस्ट

69

रेलवे विभाग कावर से यात्री सुविधा के विस्तारित करे खातिर लगातार काम कइल जा रहल बा। एही क्रम में गोरखपुर छपरा रेलखंड के सीवान-पचरुखी स्टेशन के बीच इंजीनियरिंग कार्य खातिर ब्लॉक लिहल गइल बा। एकरा परिप्रेक्ष्य में गाड़ियन के रि-शेड्यूलिंग, नियंत्रण आ शॉर्ट टर्मिनेशन/शॉर्ट ओरिजिनेशन कइल गइल बा। एह दौरान छपरा से चले वाली कइयन गो ट्रेन प्रभावित रही। ई जानकारी जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी करत देले बाड़ें।

रि-शेड्यूलड ट्रेनन के सूची

  • गोरखपुर से 27 मई, 2024 के चले वाली 15048 गोरखपुर-कोलकाता एक्सप्रेस गोरखपुर से 120 मिनट रि-शेड्यूल कs के चलावल जाई।

नियंत्रण कs के चले वाली ट्रेनन के सूची

  • अमृतसर से 26 मई, 2024 के चले वाली 14674 अमृतसर-जयनगर एक्सप्रेस लखनऊ मंडल में 60 मिनट नियंत्रित कs के चलावल जा रहल बिया।
  • काठगोदाम से 26 मई, 2024 के चले वाली 13020 काठगोदाम-हावड़ा एक्सप्रेस मार्ग में 30 मिनट नियंत्रित कs के चलावल जा रहल बिया
  • नई दिल्ली से 26 मई, 2024 के चलने वाली 04074 नई दिल्ली-सहरसा विशेष गाड़ी मार्ग में 60 मिनट नियंत्रित कs के चलावल जा रहल बिया।

शॉर्ट टर्मिनेशन/ शॉर्ट ओरिजिनेशन ट्रेनन के सूची

  • गोरखपुर से 27 मई, 2024 के चले वाली 05156 गोरखपुर-छपरा अनारक्षित विशेष गाड़ी छपरा के स्थान पs भटनी स्टेशन पs यात्रा समाप्त करी।
  • छपरा से 27 मई, 2024 के चले वाली 05155 छपरा-गोरखपुर अनारक्षित विशेष गाड़ी छपरा के स्थान पर भटनी स्टेशन से चलावल जाई।
843150cookie-checkछपरा से होके चले वाली कइयन गो ट्रेन प्रभावित: 27 मई के छपरा-गोरखपुर स्पेशल समेत कइयन ट्रेन शॉर्ट टर्मिनेट, देखीं लिस्ट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.