[the_ad_group id="30365"]

कर्नाटक के हावेरी में पुणे-बैंगलोर नेशनल हाइवे पs भीषण रोड एक्सीडेंट, 13 लोगन के मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

कर्नाटक के हावेरी में भइल एगो भयानक सड़क दुर्घटना में 13 लोग के मउत हो गइल. जानकारी के मुताबिक हावेरी के बडगी में सड़क पs खड़ा गाड़ी से एगो गाड़ी के टक्कर हो गईल। हावेरी जिला के बडगी तालुका के गुंडेनहल्ली क्रॉस के लगे पुणे-बेंगलुरु राष्ट्रीय राजमार्ग पs आजु सबेरे भइल ई हादसा. सड़क पs खड़ा एगो लॉरी से टकरा के सवारी गाड़ी पूरा तरह से क्षतिग्रस्त हो गईल। कार में लोग के लाश मिलल। दमकल विभाग के जवान गाड़ी में फंसल लाश के निकालत बाड़े।

चिनचोली मयम्मा के दर्शन कs के लोग लवटत रहले

पुलिस के कहनाम बा कि जांच में पता चलल कि मरेवाला लोग शिमोगा जिला के भद्रावती तालुका के होलेहोन्नूर के लगे एम्मीहट्टी गांव के निवासी रहले।  कलबुर्गी जिला के चिनचोली मयम्मा के दर्शन कs के अपना पैतृक गाँव लवटत घरी ई हादसा भइल.  मरे वाला 13 लोग में एगो बच्चा के भी शामिल कईल गईल बा।

गाँव में पसरल शोक

हावेरी के एसपी अंशुकुमार मौका पs पहुंचले। उs बतवले कि फायर ब्रिगेड अवुरी पुलिसकर्मी टीटी गाड़ी से लाश निकालले अवुरी घाही के इलाज जिला अस्पताल में होखता।  13 लोग के मउत के खबर सुन के एम्मेहट्टी गांव के लोग सदमा में बाड़े अवुरी गांव में शोक मचल बा। बतावल जा रहल बा कि मरे वाला सब लोग एके गांव के हवे।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]